रिचर्ड मैडेन

विकिपीडिया से
रिचर्ड मैडेन
2019 में मैडेन
जनम (1986-06-18) 18 जून 1986 (उमिर 37)
ईल्डर्सली, रेन्फ्रेवशायर, स्कॉटलैंड
महतारी संस्थारॉयल कंजर्वेटरी ऑफ़ स्कॉटलैंड
पेशाएक्टर
सक्रियता साल1997–अबतक ले

रिचर्ड मैडेन (Richard Madden, जनम 18 जून 1986) एगो स्कॉटिश एक्टर बाड़ें। इनके पहिला भूमिका में 11 बरिस के उमिर में चुनल गइल आ 2000 में परदा पर एक्टिंग के शुरुआत कइलें। बाद में उ स्कॉटलैंड के रॉयल कंजर्वेटरी में छात्र रहते मंच पर आपन प्रस्तुति देवे लगलन। 2007 में ऊ शेक्सपियर्स ग्लोब कंपनी के साथ रोमियो एंड जूलियट में रोमियो के रूप में दौरा कइलें, ई रोल ऊ 2016 में वेस्ट एंड में दोबारा निभवलें। मैडेन 2011 से 2013 ले फैंटेसी ड्रामा सीरीज गेम ऑफ थ्रोन्स में रॉब स्टार्क के किरदार निभा के बहुत परसिद्धि हासिल कइलें।

एकरे बाद मैडेन रोमांटिक फैंटेसी फिलिम सिंड्रेला (2015) में प्रिंस किट आ ऐतिहासिक फिक्शन सीरीज मेडिची (2016) के पहिला सीजन में इटैलियन बैंकर कोसिमो डी मेडिची के भूमिका निभवलें। साल 2018 में थ्रिलर सीरीज बॉडीगार्ड में पुलिस अफसर के रूप में काम करे खातिर इनके प्रशंसा मिलल, आ एकरा खातिर इनका के गोल्डन ग्लोब अवार्ड मिलल। अगिला साल मैडेन के टाइम द्वारा दुनिया के 100 सभसे परभावशाली लोग में से एक बीछल गइल आ बायोपिक रॉकेटमैन में संगीत प्रबंधक जॉन रीड आ युद्ध फिलिम 1917 में एगो सैनिक के रूप में सहायक भूमिका रहल। एकरे बाद ऊ मार्वल सिनेमैटिक यूनिवर्स के सुपरहीरो फिलिम एटरनल्स (2021) में इकरिस के भूमिका में आ साइंस फिक्शन सीरीज सिटाडेल (2023) में जासूस के रूप में काम कइलें।

संदर्भ[संपादन करीं]

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]