राहुल गांधी
| राहुल गांधी | |
|---|---|
2024 में गांधी | |
| सांसद, लोक सभा | |
| कार्यकाल 23 मई 2019 – 23 मार्च 2023 | |
| इनसे पहिले | एम. आई. षणवास |
| इनके बाद | घोषित होखल बाकी |
| सीट | वायनाड, केरल |
| कार्यकाल 17 मई 2004 – 23 मई 2019 | |
| इनसे पहिले | सोनिया गांधी |
| इनके बाद | स्मृति ईरानी |
| सीट | अमेठी, उ.प्र. |
| भारतीय राष्ट्रीय कांग्रेस के अध्यक्ष | |
| कार्यकाल 16 दिसंबर 2017 – 10 अगस्त 2019 | |
| इनसे पहिले | सोनिया गांधी |
| इनके बाद | सोनिया गांधी |
| भारतीय राष्ट्रीय कांग्रेस के उपाध्यक्ष | |
| कार्यकाल 19 जनवरी 2013 – 16 दिसंबर 2017 | |
| राष्ट्रपति | सोनिया गांधी |
| इनसे पहिले | पद अस्थापित |
| इनके बाद | पद समाप्त |
| भारतीय राष्ट्रीय कांग्रेस के जनरल सेक्रेटरी | |
| कार्यकाल 25 सितंबर 2007 – 19 जनवरी 2013 | |
| राष्ट्रपति | सोनिया गांधी |
| भारतीय युवा कांग्रेस के अध्यक्ष | |
पद पर मौजूद | |
| पदभार लिहल गइल 25 सितंबर 2007 | |
| इनसे पहिले | पद अस्थापित |
| एनएसयूआई के अध्यक्ष | |
पद पर मौजूद | |
| पदभार लिहल गइल 25 सितंबर 2007 | |
| इनसे पहिले | पद अस्थापित |
| निजी जानकारी | |
| जनम | 19 जून 1970 नई दिल्ली, भारत |
| राजनीतिक पार्टी | भारतीय राष्ट्रीय कांग्रेस |
| माई-बाबूजी | राजीव गांधी (बाबूजी) सोनिया गांधी (महतारी) |
| पढ़ाई |
|
| दस्खत | |
| वेबसाइट | Official website |
राहुल गांधी (जनम 19 जून 1970) एगो भारतीय राजनीतिक नेता बाने। राहुल गांधी भारतीय संसद के सदस्य रह चुकल बाड़ें, जे लोकसभा में अमेठी, उत्तर प्रदेश आ वायनाड, केरल के क्षेत्र सभ के प्रतिनिधित्व कइलें। ऊ मुख्य विपक्षी पार्टी भारतीय राष्ट्रीय कांग्रेस के सदस्य हवें आ दिसंबर 2017 से जुलाई 2019 ले पार्टी के अध्यक्ष रहलें। भारतीय युवा कांग्रेस, भारतीय राष्ट्रीय छात्र संघ के अध्यक्ष आ राजीव गांधी फाउंडेशन के ट्रस्टी हवें आ राजीव गांधी धर्मादा ट्रस्टवो के ट्रस्टी बाने।
गाँधी, सोनिया गांधी आ राजीव गांधी के लइका हवें। नई दिल्ली में जनमल गांधी के शुरुआती बचपन दिल्ली आ देहरादून के बीच बीतल आ बचपन आ शुरुआती जवानी के बहुत समय ले ई सार्वजनिक क्षेत्र से दूर रहलें। प्राइमरी के पढ़ाई नई दिल्ली अउरी देहरादून में भइल लेकिन बाद में सुरक्षा के चिंता के चलते घरहीं पढ़ाई भइल। हार्वर्ड विश्वविद्यालय में जाए से पहिले ऊ सेंट स्टीफन कॉलेज से स्नातक के कैरियर शुरू कइलें। बाद में इनकर बाबूजी दिवंगत प्रधानमंत्री राजीव गांधी के हत्या के बाद सुरक्षा के खतरा के चलते उनुकर तबादला फ्लोरिडा के रोलिंस कॉलेज में हो गइल, जहँवाँ से उ 1994 में स्नातक भइलें। अगिला साल उ कैंब्रिज से एम.फिल. कइलें। ग्रेजुएशन के बाद ऊ लंदन के एगो मैनेजमेंट कंसल्टिंग फर्म मॉनिटर ग्रुप से आपन प्रोफेशनल कैरियर शुरू कइलें। जल्दिये उ भारत लवट के मुंबई के टेक्नोलॉजी आउटसोर्सिंग फर्म बैकॉप्स सर्विसेज प्राइवेट लिमिटेड के स्थापना कइलें।
2004 में गांधी सक्रिय राजनीति में आवे के घोषणा कइलें आ ओह साल भइल आम चुनाव में अमेठी से सफलतापूर्वक लड़लें, ई सीट पहिले उनके पिता के लगे रहल; ऊ 2009 आ 2014 में एह क्षेत्र से जीत हासिल कइलें आ पार्टी के राजनीति आ राष्ट्रीय सरकार में अधिका से अधिका शामिल होखे खातिर कांग्रेस पार्टी के दिग्गजन के आह्वान का बीच 2013 में कांग्रेस के उपाध्यक्ष चुनल गइलें आ एहसे पहिले महासचिव (जनरल सेक्रेटरी) के रूप में काम कइलें। ऊ 2014 के भारतीय आम चुनाव में कांग्रेस के प्रचार के नेतृत्व कइलें; पार्टी के इतिहास में एह में सबसे खराब चुनावी नतीजा मिलल, कांग्रेस एह चुनाव में बस 44 सीट जीत पवलस जबकि 2009 के आम चुनाव में एकरा से पहिले 206 सीट जीतल रहे। साल 2017 में उ अपना महतारी के बाद कांग्रेस पार्टी के नेता बनले अउरी पार्टी के 2019 के भारतीय आम चुनाव में ले गइलें। पार्टी के 52 सीट मिलल, जवना से विपक्ष के नेता के पद प दावा करे खाती जरुरी 10% सीट ना मिल पावल। चुनाव में ए खराब प्रदर्शन के बाद उ पार्टी के नेता के पद से इस्तीफा दे देले अउरी उनुका बाद उनुकर महतारी सोनिया गांधी पार्टी के नेता बनली।
सुरुआती जिनगी
[संपादन करीं]राहुल गांधी के जनम 19 जून 1970 के दिल्ली के होली फैमिली अस्पताल में भइल। ऊ राजीव गांधी आ सोनिया गांधी के पहिला संतान हउअन। बाद में राजीव गांधी भारत के छठवाँ प्रधानमंत्री बनलन आ सोनिया गांधी कांग्रेस पार्टी के अध्यक्ष बनली। राहुल गांधी, भारत के पहिले रहल प्रधानमंत्री इंदिरा गांधी के नाती हउअन, आ ओह घरे से राजनीतिक परंपरा गहिर जुड़ल बा। उनकर दादा, फीरोज़ गांधी, गुजरात से रहलन आ पारसी परिवार से जुड़ल रहलन। ईहो बात खास बा कि राहुल गांधी, भारत के पहिला प्रधानमंत्री जवाहरलाल नेहरू के परनाती हउअन।
राहुल आपन शुरुआती पढ़ाई नई दिल्ली के सेंट कोलंबा स्कूल से कइलन। ओकरा बाद 1981 से 1983 तक ऊ देहरादून के द दून स्कूल में पढ़लन — ई एगो नामी होस्टल स्कूल ह, जहँवा उनकर पिता राजीव गांधियो पढ़ले रहलन। दून स्कूल में पढ़ाई के दौरान राहुल गांधी के साथी में ज्योतिरादित्य सिंधिया आ जितिन प्रसाद भी रहलें, जे लोग बाद में कांग्रेस के नेता बनलें।
31 अक्टूबर 1984 के सिख अंगरक्षक लोग द्वारा इंदिरा गांधी के हत्या होखे के बाद, राजीव गांधी राजनीति में आइलन आ देस के छठवाँ प्रधानमंत्री बनलन। सुरक्षा खतरा बढ़ला के चलते राहुल आ उनकर बहिन प्रियंका के बाद में घरहीं पढ़ावल गइल आ परीक्षा अध्यापक लोग के देखरेख में दियावल गइल। बचपन में दूनो भाई-बहिन मीडिया से दूर रहलें आ बस कहीं-कहीं माई-बाप संगे पब्लिक कार्यक्रम में नजर आवत रहलें।
1989 में राहुल गांधी दिल्ली विश्वविद्यालय से जुड़ल सेंट स्टीफंस कॉलेज में ग्रेजुएशन खातिर दाखिला लिहलन। बारहवीं कक्षा में उनकर CBSE रिजल्ट 61 प्रतिशत रहल, जेके खास मजबूत ना मानल गइल। बाकिर खेल कोटा से राहुल BA (ऑनर्स) हिस्ट्री में दाखिला पवलें। नेशनल राइफल एसोसिएशन ऑफ इंडिया के रिकार्ड मुताबिक, 26 दिसंबर 1988 से 5 जनवरी 1989 के बीच नई दिल्ली में भइल 32वां नेशनल शूटिंग प्रतियोगिता में राहुल गांधी चउथा अस्थान पर रहलन। सेंटर फायर पिस्टल 25 मीटर (इंडियन रूल) मेन्स सिविलियन इवेंट में ऊ 400 में से 371 अंक पाकर चउथा नंबर पवलन। जुलाई 1989 तक राहुल आठ राष्ट्रीय पुरस्कार जीत चुकल रहलन।
1991 में चुनाव प्रचार के दौरान एलटीटीई द्वारा राजीव गांधी के हत्या भइला के बाद राहुल सेंट स्टीफंस छोड़ के हार्वर्ड यूनिवर्सिटी चल गइलन। एहू के बाद, सुरक्षा चिंता के चलते ऊ बाद में फ्लोरिडा के रोलिंस कॉलेज चले गइलन। बाद में ऊ 1995 में कैंब्रिज के ट्रिनिटी कॉलेज से डेवलपमेंट स्टडीज में एम.फिल. के डिग्री हासिल कइलन। बाप के हत्या के बाद परिवार खातिर खतरा बहुत बढ़ गइल रहल, एहसे ऊ काहे-काहे विदेश में आपन असली पहचान छुपावे खातिर ‘विन्ची’ नाम से पढ़लन।
ऊँच दर्जा के पढ़ाई पूरा कर के राहुल गांधी लंदन में ‘मॉनिटर ग्रुप’ नाम के मैनेजमेंट कंसल्टिंग फर्म में तीन साल ले काम कइलन। 2002 में ऊ भारत लौटलन आ मुंबई में ‘बैकऑप्स सर्विसेस प्राइवेट लिमिटेड’ नाम से आपन टेक्नोलॉजी कंसल्टेंसी कंपनी शुरू कइलन आ खुदे कंपनी के डायरेक्टरो लोगन में सामिल रहलन। बाद में ऊ ‘बैकऑप्स यूके’ भी शुरू कइलन, जे विदेशी सप्लायर लोग से डिफेंस कॉन्ट्रैक्ट लेत रहल।
राजनीतिक कैरियर
[संपादन करीं]मार्च 2004 में राहुल गांधी राजनीति में आवे के ऐलान कइलन आ बतवलन कि ऊ आपन बाप राजीव गांधी के पुरान लोकसभा सीट, उत्तर प्रदेश के अमेठी से चौदहवाँ आम चुनाव लड़िहें। ई सीट उनकर माई सोनिया गांधी सम्हरले रहलीं, बाकिर बाद में ऊ पड़ोसी सीट रायबरेली चल गइलीं। राहुल के राजनीति में उतरे के ऐलान राजनीतिक टिप्पणीकार लोग खातिर चौंकावे वाला रहल, काहें से कि अबहिन ले लोग लोग इहे मानत रहे कि उनकर बहिन प्रियंका गांधी जादे करिश्माई साबित होखिहें आ अगिला नेता बने के उमेदवार होखिहें।
राहुल के एंट्री से अटकल सुरू हो गइल कि भारत के सबसे चर्चित राजनीतिक परिवार के एगो जवान सदस्य कांग्रेस पार्टी के फिर से जवानी आ ताकत दे सकेला आ देश के युवा मतदाता लोगन में कांग्रेस के पकड़ मजबूत क सकेला। बिदेसी मीडिया से आपन पहिला इंटरव्यू में राहुल गांधी आपन छवि देश के जोड़वइया नेता के तरह पेश कइलन आ देश में “विभाजनकारी” राजनीति के निंदा कइलें। ऊ कहलन कि ऊ जाति आ धर्म के तनाव कम करे के कोसिस करिहें।
आठ साल ले सत्ता से बाहर रहल कांग्रेस पार्टी 2004 के आम चुनाव में 145 सीट जीत के केंद्र में सत्ता में लवट आइल। कांग्रेस रीजनल पार्टी लोग के सहारा से केंद्र में गठबंधन सरकार बनवलस। राहुल गांधी अमेठी से 1 लाख से अधिक वोटन के भारी अंतर से जीत हासिल कइलन आ एह तरह से आपन परिवार के गढ़ बचा लिहलन। पार्टी के उत्तर प्रदेश में हालत कमजोर रहल — 80 में से सिरिफ 10 सीट आ 12.53 प्रतिशत वोट शेयर कांग्रेस के हाथ आइल। राहुल गांधी सरकार में कोई आधिकारिक पद ना सम्हरलन। 2004 से 2006 तक राहुल संसद के घरेलू मामिलन के स्थायी समिति के सदस्य रहलन। 2006 से 2009 तक ऊ मानव संसाधन विकास स्थायी समिति के सदस्य रहलन।
राहुल आ उनकर बहिन प्रियंका 2006 में माई सोनिया गांधी के रायबरेली से दोबारा चुनाव खातिर प्रचार अभियान सम्हारल लोग, जे ऊ 4 लाख से अधिक वोटन के अंतर से जीत गइली। 2007 के उत्तर प्रदेश विधानसभा चुनाव में राहुल कांग्रेस के प्रमुख प्रचारक रहलन, बाकी कांग्रेस के हालत खराब रहल, 403 में से सिरिफ 22 सीट आ 8.53 परसेंट वोट मिलल। 24 सितंबर 2007 के राहुल गांधी के ऑल इंडिया कांग्रेस कमेटी (AICC) के महासचिव बनावल गइल, पार्टी सचिवालय के फेरबदल के हिस्सा के रूप में। एह फेरबदल में ऊ भारतीय युवा कांग्रेस आ नेशनल स्टूडेंट्स यूनियन ऑफ इंडियो (NSUI) के जिम्मेदारी पवलें।
2009 के आम चुनाव खातिर राहुल गांधी पूरा देश में 22 राज्य आ 107 सीट पर प्रचार कइलन। प्रचार में ऊ जनसभा आ मीटिंगन में जनता से सीधा बातचीत कइलन आ पार्टी के सोच आ देश खातिर योजना बतावलन। ऊ खासकर गांव के विकास, शिक्षा, रोज़गार आ महिलन के सशक्तिकरण के मुद्दा उठवलन। राहुल युवा लोगन के राजनीति में भागीदारी के महत्व पर जोर दिहलन आ ओह लोगन से देश के भविष्य गढ़े में आगे आवे के अपील कइलन।
2009 के आम चुनाव में नतीजा सब भविष्यवाणी आ एग्जिट पोल के उलट आइल आ कांग्रेस-नीत यूपीए सरकार के स्पष्ट जनादेश मिलल। ई चुनाव कांग्रेस पार्टी खातिर कामयाब रहल, पार्टी 206 सीट जितलस। बहुमत ना मिलल बाकी कांग्रेस सबसे बड़का पार्टी बन के दूसरन के साथ गठबंधन सरकार बनवलस। राहुल गांधी अमेठी सीट बचा लिहलन आ अपना नजदीकी प्रतिद्वंद्वी के 3 लाख 70 हजार वोटन से हरवलन। राहुल के यूपी में कांग्रेस के फिर से उभार ला श्रेय दिहल गइल, जे 80 में से 21 लोकसभा सीट जितलस।
संदर्भ
[संपादन करीं]| ई लेख भारत की केहू नेता की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |