राहत फतेह अली खान
Appearance
Rahat Fateh Ali Khan | |
|---|---|
Rahat Fateh Ali Khan in 2013 | |
| सामान्य जानकारी | |
| मूलभाषा नाँव | راحت فتح علی خان |
| जनम नाँव | Rahat Fateh Ali Khan |
| जनम | 9 दिसंबर 1974[1] फ़ैसलाबाद, पंजाब, पाकिस्तान |
| मूल | पाकिस्तान |
| बिधा | |
| पेशा सभ |
|
| साज |
|
| सक्रियता | 1985–अबतक |
| संबंधित एक्ट | नुसरत फतह अली खान, फारूख फ़तेह अली खान |
| वेबसाइट | rfakworld |
राहत फ़तेह अली ख़ान (जनम 9 दिसंबर 1974) एगो पाकिस्तानी गायक बाड़ें। मूल रूप से कउआली गावे वाला परिवार से हवें आ परसिद्ध गायक नुसरत फ़तेह अली ख़ान के भतीजा हवें। सूफ़ी कउआली एगो बिधा हवे जेह में ई सभसे ढेर गावे लें हालाँकि, गजल आ अउरी किसिम के गाना भी गवले बाड़ें। राहत फ़तेह अली खान कई गो अंतर्राष्टीय कार्यक्रम में गा चुकल बाड़ें आ भारतीय सिनेमा (बॉलीवुड) में आ पाकिस्तानी सिनेमा में मशहूर कलाकार हवें। एमटीवी पाकिस्तान के कोक स्टूडियो खातिर लाइव गावे के प्रोग्राम खातिर भी इनके खूब परसिद्धि मिलल आ नुसरत फ़तेह अली खान के कई गो कव्वाली सभ के दोबारा गावे खातिर भी जानल जालें।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ Rahat Fateh Ali Khan. #CokeStudio7. Retrieved 20 November 2017.
| ई लेख केहू गायक या गायिका पर एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |