Jump to content

रक्षाबंधन

विकिपीडिया से
(रक्षा बंधन से अनुप्रेषित)
रक्षा बंधन
राखी बान्हल जा रहल बा
ऑफिशियल नाँवरक्षाबंधन
अन्य नाँवराखी
मनावे वालाहिंदू
प्रकारधार्मिक, सांस्कृतिक, सेकुलर
मनावे के तरीकाराखी बान्हल
समयसावन के पुर्नवासी
2026 तारीखशुक, 28 अगस्त[1]
संबंधित बाभाई दूज, सामा चकेवा

रक्षाबंधन, रक्षा बंधन (संस्कृत: रक्षाबन्धनम्) चाहे राखी हिंदू लोगन क तिहुआर हवे जवन हर साल सावन महीना के पुर्नवासी (पूर्णिमा) के दिन मनावल जाला। सावन के महीना में मनावे के वजह से कत्तों-कत्तों एके सावनी या सलूनो भी कहल जाला।[2] रक्षाबंधन में राखी या रक्षा के सबसे ढेर महत्व देवल जाला। राखी कच्चा सूत जइसन सस्ता चीज से लगाइत रंगीन कलावा, रेशम क धागा, चाँदी और सोना जइसन महंगी चीज तक बन सके ला।

परंपरागत रूप से भारतीय संस्कृति में सावन महीना के पूर्णिमा (पुर्नवासी) के वेदारंभ, मने कि वेद के अध्ययन के सुरुआत, के रूप में मनावल जाला।

अनुष्ठान

[संपादन करीं]

सबेरहीं नहइले के बाद औरत और लइकी लोग पूजा क थरिया सजावेलीं। थरिया में राखी के अलावा रोरी या हरदी, दीया, अच्छत आऊर कुछ पइसो रख लेवल जाला। आदमी और लइका लोग टीका करावे खातिर पूजा वाली या कऊनो ठीक जगह बईठ जानै। पहिले पूजा कइल जाला, फिर बहिन लोग भाइन क माथा पर रोरी और अच्छत क टीका लगायके अच्छत छिरिक के आरती उतारैनी आऊर उनके कलाई पर राखी बान्हैनी। भाई लोग अपने बहिनिन के राखी बन्हाई के खातिर नेग के तौर पर कुछ पइसा चाहे उपहार देवलन। ज्यादेतर जगहन में मुहूरत से राखी बान्हल जाला आऊर बहिन लोग राखी बान्हे से पहिले भुक्खल रहैलिन।

सामाजिक प्रसंग

[संपादन करीं]

नेपाल के पहाडी इलाका मे ब्राहमन् और छेत्रियेन लोग के द्वारा मनावल जाला। लेकिन तराई क्षेत्र के लोग जे नेपाल मे भारत के नज्दिक बा, उ लोग बहुत धुम-धम से मनावे ला। येह पर्व पर बहिन लोग भाई के लिलार पर तिलक (टीका) लगा के राखी दहिना हाथ पर बान्ह के अपन हाथ से भाईके फलफूल आ मिठाई खियावे ला औरो भाई के लमहर आयु के प्रार्थना करे ला। साथे-साथ भाई आपन बहिन के आपन योग्यता अनुसारके दक्षिणा देवे ला। इ पर्व भाई-बहिन के परेम जतावे वाला आ मिले वाला पर्व ह।

  1. "Raksha Bandhan 2026 Muhurat: सुबह, दोपहर या शाम, जानें रक्षाबंधन पर बहनें कब बांधे भाई को राखी?". जनसत्ता (Hindi में). 26 अगस्त 2026. Retrieved 27 अगस्त 2026.
  2. "राखी" (एचटीएमएल) (अंग्रेजी में). न्यूयॉर्कयूनिवर्सिटी.इडीयू. Retrieved 13 अगस्त 2007.