यूरोडांसवेब अवार्ड

विकिपीडिया से

यूरोडांसवेब अवार्ड एगो ऑनलाइन प्रतियोगिता हवे जे डांस संगीत के समर्पित बा, ई 2001 में इटैलियन आ माल्टीज डिस्क जॉकी लोग के एगो समूह के बिचार पऽ बनावल गइल। एह प्रोजेक्ट के मुख्य उद्देश्य पूरा यूरोप आ भूमध्यसागरीय बेसिन से डांस संगीत के पसार कइल बा, जवना मे ओह लोग के राष्ट्रीय भाषा आ संस्कृति से मजबूत संबंध बा।