मोर दैन फ्रेंड्स

विकिपीडिया से

"मोर दन फ्रेंड्स" (अंग्रेजी: More Than Friends; माने: संघाति से बेसी) रोमानियाई गायिका इन्ना के तीसरका स्टूडियो एल्बम पार्टी नेवर एंड्स (2013) के एगो गीत हऽ। एकरा 23 जनवरी 2013 के रोटन रिलीज कइलस। एह गीत के लेखक जस्टिन फ्रैंक्स, थॉमस ट्रोल्सन आ टियर्स पर्सन बाड़न लोग आ प्रोडक्शन डीजे फ्रैंक ई के कइल हऽ। संगीत के हिसाब से "मोर दन फ्रेंड्स" एगो हाउस आ लैटिन गीत हवे जे अपना इंस्ट्रूमेंटेशन में अकॉर्डियन के इस्तेमाल करेला।