मेटामार्फिक चट्टान

विकिपीडिया से

मेटामॉर्फिक चट्टान चट्टान के तीन गो प्रमुख प्रकार में से एक हवे, अइसन चट्टान जे कौनों पहिले से मौजूद चट्टान के रूप/गुण वगैरह में बदलाव के कारन बनल होखें। एह बदलाव से पहिले वाली चट्टान के प्रोटोलिथ कहल जाला आ ताप आ दाब के चलते पुरनकी चट्टान में कई किसिम के भौतिक रासायनिक बदलाव होलें। बदलाव के ई प्रकृया मेटामॉर्फिज्म कहाला। प्रोटोलिथ आग्नेय, सेडीमेंटरी भा मेटामार्फिक चट्टान हो सके ला।