मेज
Jump to navigation
Jump to search
मेज चाहे टेबल एक किसिम के फर्नीचर हवे जेकर ऊपर सपाट सतह होला जे पाया सभ पर टिकल रहे ला आ लिखे-पढ़े, खाना खाए भा कुछ सामान रखे के कामे आवे ला। मेज के ऊपरी सतह आमतौर पर चौकोर, गोल या अंडाकार हो सके ला आ पाया के संख्या एक से ले के कई ठे हो सके ला। आमतौर पर ई लकड़ी के बनल होला हालाँकि, अउरी कई चीज जइसे कि धातु, प्लास्टिक इत्यादि के बनल भी हो सके ला। ऊपरी सतह खातिर शीसा के इस्तेमाल भी अक्सर देखे के मिले ला।