मुल्क राज आनंद
Appearance
मुल्क राज आनंद | |
|---|---|
| जनम | 12 दिसंबर 1905 पेशावर, ब्रिटिश भारत (अब पाकिस्तान) |
| निधन | 28 सितंबर 2004 (उमिर 98) पुणे, भारत |
| पेशा | लेखक |
| समय | 20वीं सदी |
| दसखत | |
मुल्क राज आनंद (12 दिसंबर 1905 – 28 सितंबर 2004) अंग्रेजी भाषा में लिखे वाला एगो भारतीय लेखक रहलें। भारतीय अंग्रेजी साहित्य के सुरुआती दौर के लेखक लोग में ई आर के नारायणन, राजा राव आ अहमद अली के साथे मिल के सभसे ऊँच लेखकन में गिनल जालें। तत्कालीन भारतीय समाज में निचला जाति के लोगन के समस्या के ऊपर लिखलें। आनंद के कहानी आ उपन्यास अंतर्राष्ट्रीय स्तर पर पहिचान पवलें आ ई पहिला लेखक रहलें जे हिन्दुस्तानी आ पंजाबी मुहावरा सभ के अंग्रेजी में सामिल कइलेन। भारत सरकार द्वारा इनके पद्म विभूषण से सम्मानित कइल गइल।
संदर्भ
[संपादन करीं]| ई लेख एगो लेखक, कवि या नाटककार की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |