मुंबई-अहमदाबाद बुलेट ट्रेन प्रोजेक्ट

विकिपीडिया से

मुंबई-अहमदाबाद हाई-स्पीड रेल कॉरीडोर भारत सरकार के महत्वाकांक्षी प्रोजेक्ट बा जे जापान के मदद से बनावल जा रहल बा। एकर निर्माण के कामकाज के सुरुआत 14 सितंबर 2017 के जापानी परधानमंत्री शिंजो अबे द्वारा कइल गइल। खबर के मोताबिक एह ट्रेन से मुंबई आ अहमदाबाद के बीच जतरा में कुल तीन घंटा के समय लागी, जबकि अभिन ई आठ घंटा के समय लागे ला। एह बुलेट ट्रेन के स्पीड 350 किमि प्रति घंटा होखी आ एह में 750 सीट होखी। प्रोजेक्ट के साल 2022 ले पूरा करे आ 15 अगस्त 2022 के पहिली रेल चलावे के लक्ष्य रखल गइल बा।[1]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. रिपोर्ट: ऋतिका पाण्डेय (2016-02-25). "क्या खास है भारत के पहले बुलेट ट्रेन प्रोजेक्ट में? | दुनिया | DW | 14.09.2017". DW. Retrieved 2017-09-14.