मार्केटिंग

विकिपीडिया से

मार्केटिंग (अंग्रेजी: marketing) एगो प्रासेस हवे जेह में कौनों टार्गेट मार्केट के जरूरत के पूरा करे के हिसाब से बस्तु आ सेवा के रूप में वैलू एक्सप्लोर कइल जाला, बनावल जाला आ डिलीवर कइल जाला; एह में टार्गेट ऑडियंस के सेलेक्शन; कुछ लच्छन भा थीम के सेलेक्शन जिनहन पर बिज्ञापन में जोर देवे लायक होखे; बिज्ञापन कैंपेन के लागू कइल; ट्रेड शो आ पब्लिक इवेंट सभ में सामिल होखल; खरीदे वाला लोगन के हिसाब से आकर्षक प्रोडक्ट डिजाइन आ पैकेजिंग कइल; बेचे के शर्त परिभाषित कइल, जइसे कि दाम, डिस्काउंट, वारंटी आ रिटर्न पालिसी बनावल; मीडिया में प्रोडक्ट के प्रस्तुत कइल चाहे अइसन लोगन के सोझा प्रस्तुत कइल जे लोग दुसरे लोगन के खरीदारी के आदत के परभावित क सकत होखे; रिटेलर, होलसेल बिक्रेता आ रीसेलर के साथे करार कइल; आ अपना ब्रांड के प्रति जागरुकता, प्रतिबद्धता (लॉयलिटी) आ पाजिटिव फीलिंग बनावल सामिल बाड़ें।