माइटी राजू
Appearance
| Mighty Raju | |
|---|---|
| बिधा | |
| लेखक | Teja |
| डाइरेक्टर | Rajiv Chilaka |
| उत्पत्ती देस | India |
| मूल भाषा(सब) | |
| प्रोडक्शन | |
| प्रसारण काल | > 1 hour per episode |
| प्रोडक्शनकंपनी | Green Gold Animation Pvt Ltd |
| डिस्ट्रीब्यूटर | Green Gold Animation Pvt Ltd |
| रिलीज | |
| मूल नेटवर्क | Pogo TV |
| बाहरी कड़ी | |
| वेबसाइट | |
| प्रोडक्शन वेबसाइट | |
माइटी राजू एगो भारतीय एनीमेशन सीरिज बा। ई राजू नाँव के 4-बरिस के लइका के एडवेंचर, बहादुरी आ बुद्धिमानी के कथा सभ पर आधारित बा। राजू आर्यनगर नाँव के काल्पनिक जगह पर रहे वाला बतावल गइल बाने आ इनके पापा साइंटिस्ट हवें। राजू के मददगार में इनके एगो कुक्कुर बा आ कई किसिम के मशीन आ हाई-फाई चीज भी इनका लगे बा जेह से ई अनोखा काम करे लें। राजू आम तौर पर सामान्य लइका सभ में घुल मिल के रहे लें आ जब कौनों संकट पड़े तब थोड़ी देर खाती गायब हो के माइटी राजू के भेस में आवे लें।
एह कहानी के संकल्पना राजीव चिलाका के हवे आ ई ग्रीनगोल्ड एनीमेशन स्टूडियो के रचना हवे। वास्तव में ई छोटा भीम नाँव के पापुलर सीरीज के स्पिन-ऑफ हवे, ओकरे एगो किरदार राजू के हीरो के रूप में प्रस्तुत क के बनावल नया किसिम के कहानी हवे।
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]संदर्भ
[संपादन करीं]| ई टीवी शो चाहे टीवी सीरीज-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |