मनी

विकिपीडिया से

मनी चाहे रुपिया-पइसा जनरल अरथ में कवनो अइसन मानक चीज होला जेकर इस्तमाल चीज भा सर्विस सभ के कीने-बेसहे आ बेचे के दौरान पेमेंट करे खातिर, आ कर्जा चुकता करे खातिर होखे ला। हालाँकि, एकरा के करेंसी भी कह दिहल जाला जे रुपिया-पइसा के एगो रूप भर हवे आ सटीक अरथ में रुपिया भारत, नेपाल नियन कुछ देशन के करेंसी के नाँव हवे। अंग्रेजी में एकरा के मनी कहल जाला। ई धन-दौलत से अलग बूझल जाए के चाहीं।

अर्थशास्त्र (इकोनॉमिक्स) में मनी (रुपिया-पइसा) के प्रमुख फंक्शन गिनावल जालें: आर्थिक लेनदेन के माध्यम, खाता रखे के इकाई आ वैलू के भंडार करे वाला चीज होखल। एकरा संबंधित चीजन के अध्ययन करे वाला शाखा मोनेटरी इकोनॉमिक्स कहाला।

फाइनेंसबैंकिंग से नगीचे से जुड़ाव रखे ला।