ब्लॉगर (सर्विस)
Appearance
साइट के प्रकार | Blog host |
|---|---|
| भाषा | See below |
| मूल देस | United States of America |
| सर्विस के इलाका | Worldwide |
| मालिक | |
| संस्थापक | Evan Williams, Meg Hourihan |
| वेबसाइट | www |
| कॉमर्शियल | Yes |
| रजिस्ट्रेशन | Optional, Free |
| लॉन्च भइल | अगस्त 23, 1999[1] |
| वर्तमान स्थिति | Active |
| प्रोग्रामिंग भाषा | Python[2] |
ब्लॉगर एगो अमेरिकी ऑनलाइन कंटेंट मैनेजमेंट सिस्टम हवे जे मल्टी-यूजर ब्लॉग छपावे के सुबिधा देला। ई सर्विस 1999 में पायरा लैब्स द्वारा शुरू कइल गइल रहे जेकरा के 2003 में गूगल खरीद लिहलस। गूगल एह सर्विस द्वारा ब्लॉग सभ के होस्ट करे ला आ ई ब्लॉग सभ blogspot.com नाँव के सबडोमेन से उपलब्ध होखे लें। केहू भी बेकती जेकरा लगे गूगल खाता होखे, एह सर्विस के इस्तेमाल फिरी में क सके ला आ आपन ब्लॉग वेबसाइट बना के छपा सके ला। एक ठो खाता से 100 गो ले ब्लॉग वेबसाइट चलावल जा सके लें। साथे-साथ ई मल्टी-यूजर ब्लॉग सपोर्ट करे ला जेकर मतलब ई बा कि कौनों एकही ब्लॉग के कई ठे गूगल खाताधारी लोग एडिट क सके ला; एहू के गिनती 100 लोग तक ले सीमित बाटे।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "The Story of Blogger". Blogger.com. October 8, 2003. Retrieved December 25, 2011.
- ↑ Roger Chapman. "Top 40 Website Programming Languages". roadchap.com. Archived from the original on September 27, 2011. Retrieved September 6, 2011.
बाहरी कड़ी
[संपादन करीं]
विकिमीडिया कॉमन्स पर Blogger से संबंधित मीडिया
| ई इंटरनेट-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |