ब्लॉकफ़ील्ड (blockfield),[1] चाहे ब्लॉक फील्ड (block field)[2]), फेल्सेनमीर (felsenmeer),[1]बोल्डर फ़ील्ड[1][2] चाहे स्टोन फील्ड[2] अइसन जमीनी सतह होला जे बोल्डर चाहे बड़हन चट्टानी टुकड़ा सभ से तोपाइल होखे; आमतौर पर अइसन थलरूप अल्पाइन आ उपध्रुवीय जलवायु वाला इलाका में होखे लें आ पेरीग्लेशियर प्रकृया से जुड़ल होखे लें। ब्लॉकफील्ड सभ चट्टान सभ में छय से बने वाला थलरूप सक्री (scree) आ टॉलस ढाल (talus slope) से बहुत अलग होखे लें। अइसन मानल जाला कि एह सभ के उत्पत्ती जमीन के भीतर बरफ के कारन होखे वाला चट्टान क्षय से भइल होखी।[3][4] बिकल्प के रूप में अइसनो थियरी दिहल गइल बा की इनहन के उत्पत्ती रासायनिक चट्टानक्षय (केमिकल वेदरिंग) से भइल हो सके ला जब नियोजीन में जलवायु कुछ गरमाह रहल होखी। मतलब की ई अइसन थलरूप हो सके लें जिनहन पर पेरीग्लेशियल प्रासेस सभ बाद में काम कइले होखिहें।[4][5]