ब्रिस्टल

विकिपीडिया से

ब्रिस्टल (अंग्रेजी: Bristol /ˈbrɪstəl/ ) इंग्लैंड के एगो शहर, सेरेमोनियल काउंटी आ यूनिटरी अथॉरिटी बाटे। एवन नदी पर एकर सीमा उत्तर में ग्लोस्टरशायर आ दक्खिन में समरसेट के सेरेमोनियल काउंटी सभ से सटल बा। ई वेस्ट ऑफ इंग्लैंड कंबाइन अथॉरिटी में आवे ला आ दक्खिन पश्चिम इंग्लैंड के सभसे बेसी आबादी वाला शहर बा। बिस्तृत ब्रिस्टल बिल्ट-अप एरिया यूनाइटेड किंगडम के एगारहवाँ सभसे बेसी आबादी वाला शहरी इलाका बाटे।