Jump to content

ब्रिटिश संबिधान

विकिपीडिया से
संसद भवन, वेस्टमिंस्टर महल, ब्रिटेन के संबिधान के केंद्रीय चीज हवे।

यूनाइटेड किंगडम के संबिधान (Constitution of the United Kingdom) चाहे ब्रिटिश संबिधान, लिखल गइल आ गैर-लिखित बेवस्था हवे जेकरा चलते यूनाइटेड किंगडम ऑफ़ ग्रेट ब्रिटेन एंड नदर्न आयरलैंड एगो राजनीतिक इकाई के रूप में स्थापित बा। अउरी देसन के संबिधान नियर ई एकलौता लिखित डाकुमेंट के रूप में ना बाटे हालाँकि, सुप्रीम कोर्ट कुछ संबैधानिक सिद्धांत सभ के चिन्हित करे ला आ कुछ अधिनियम (एक्ट) सभ के संबैधानिक महत्व के माने ला। ब्रिटेन के संसद एह संबिधान के प्रमुख केंद्र हवे।