Jump to content

ईस्ट इंडिया कंपनी

विकिपीडिया से
ईस्ट इंडिया कंपनी
Native name
East India Company
Company typeपब्लिक
राज्य-मलिकाई वाला एंटरप्राइज[1]
Industryइंटरनेशनल ट्रेड
Founded31 दिसंबर 1600; 424 साल पहिले (1600-12-31)
Founders
Defunct1 जून 1874; 151 साल पहिले (1874-06-01)
Fateराष्ट्रीयकरण:
Headquartersईस्ट इंडिया हाउस, ,
Productsकपास (रुई), रेशम, नील, चीनी, नून (नमक), मसाला, शोरा, चाय, दास ब्यापार आ अफीम

ईस्ट इंडिया कंपनी (East India Company), संछेप में ईआईसी (EIC), एगो अंग्रेज आ बाद में ब्रिटिश कंपनी रहे जवन भारत आ एशिया के कुछ अउरी देस सभ के साथे ब्यापार करे खातिर 1600 में अस्थापित भइल आ 1874 एकर अंत भ गइल। 1858 में भारत पर से कंपनी के शासन हट गइल आ भारत सीधे इंग्लैंड की रानी की अधिकार में आ गइल।

एकर गठन हिंद महासागर क्षेत्र में बाणिज्य-ब्यापार करे खातिर भइल रहे, सुरुआत में ईस्ट इंडीज (भारत उपमहादीपदक्खिन-पूरबी एशिया) के साथे, आ बाद में पूरबी एशिया के साथे। कंपनी भारतीय उपमहाद्वीप के मजिगर बड़हन हिस्सा प कंट्रोल क लिहलस आ दक्खिन पूर्व एशिया अउरी हांगकांग के कुछ हिस्सा प उपनिवेश बना लिहलस। अपना चरम पर ई कंपनी कई तरह के माप के हिसाब से दुनिया के सबसे बड़ कार्पोरेशन रहे। ईआईसी के आपन खुद के सशस्त्र बल कंपनी के तीन गो प्रेसिडेंट सेना के रूप में रहल, कुल मिला के लगभग 2,60,000 सैनिक एकरा लगे रहलें, जवन ओह समय के ब्रिटिश सेना से करीबन दुगुन्ना रहे। कंपनी के ऑपरेशन सभ के ब्यापार के वैश्विक संतुलन पर गहिरा परभाव पड़ल, लगभग एक्के-हाथे ई कंपनी रोमन काल से चलत आ रहल ब्यापार के पूरुब के पक्ष में रहे वाला बहाव के उलट दिहलस।

  1. "East India Company | Definition, History, & Facts | Britannica". www.britannica.com. 2 July 2023.

बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]