ब्राह्मी लिखाई

विकिपीडिया से
(ब्राह्मी लिपि से अनुप्रेषित)
Brahmi
Brahmi script on Ashoka Pillar
प्रकार
भाषाSaka, Tocharian, Middle Prakrit languages
काल
c. 3rd century BCE to c. 5th century CE
परिवार
संतान
Gupta, Pallava, and numerous other Brahmic scripts
बहिन सभ
Kharoṣṭhī (?)
लिखे के दिशा
बायें-से-दहिने
ISO 15924Brah, 300
युनिकोड नाँव
Brahmi
U+11000–U+1107F

ब्राह्मी लिखाई प्राचीन भारत मे उपयोग होनेवाली एगो लिखाई रहे। ब्राह्मी लिखाई वर्तमान भारतीय लिखाईयन के जननी बा। ई लिखाई अब प्रचलन में नइखे। कालान्तर मे एह मे परिवर्तन भइल आ परिणाम स्वरुप वर्तमान मे सभे आर्य आ द्रविड़ लिखाईयन के उत्पत्ति भइल। भोजपुरी के मूल लिखाई कैथीओ (जे के भोज लिखाईओ कहल जाला) के उत्पत्ति ब्राह्मी लिखाई से भइल बा। ब्राह्मी आगे अशोका ब्राह्मी आ तमिल ब्राह्मी के रुप मे विकसल। उत्तर, पूर्व आ पश्चिम भारत मे अशोका ब्राह्मी आ दक्षिण भारत मे तमिल ब्राह्मी के विकास भइल। एह लिखाई में लिखल अभिलेख अब इतिहास आ पुरातत्व के पढ़ाई आ रिसर्च में इस्तेमाल होला।