बॉबी जो स्टिनेट के हत्या

विकिपीडिया से

बॉबी जो स्टिनेट (दिसंबर 4, 1981 – दिसंबर 16, 2004) एगो तेईस बरीस के अमेरिकी मेहरारू रही, जीनकर हत्या उनकर घर (मिसौरी) मे कई दिहल गइल रहे। एकर आरोपी एगो छत्तिस बरिस लिजा मेरी मोंटगोमेरी[1] नांव के महिला रहे, जे बॉबी के पीछे से हुनकर नेटी चिंप के मुआ देलस आ ओकर पेट काट के ओकर गरभ मे के लइकी के चोरा लिहलस। बादि मे ओह लइकी के पुलिस खोजलस आ ओकर पिता के दे दिहलस।

मिसौरी मे बॉबी जो स्टिनेट के मकबरा

मोंटगोमेरी प केस चलल आ 2007 मे इनकर आरोप साबित होई गइल। 13 जनवरी 2021 मे मुवे वाला सुई देके इनकरा मार दिहल गइल।

पृष्ठभूमि[संपादन करीं]

बॉबी जो स्टिनेट एगो आठ महीना के गर्भवति मेहरारू रही। ऊ आ उनकर मरद कुकुर ब्रीड करे के कारोबार करत रहे लोग। मोंटगोमेरी से उनकर भेंट एगो डॉग शो इवेंट मे भइल रहे। मोंटगोमेरी स्टिनेट के ई बतवले रहली जे उहो गर्भवति हई।

हत्या आ जाँच[संपादन करीं]

सोरह दिसंबर 2004 के मोंटगोमेरी स्टिनेट के घरे ढुक के उनकर नेटी जांत के उनकर हत्या कई दिहली आ उनकर गर्भ मे के लइकी चोरा लिहली। घरे बरजोरी ढुके के कवनो निसानि ना रहे, पुलिस ई मानेले जे उ एगो गाँहक बनि के स्टिनेट के घरे गइल रही।

हत्या के एक घंटा बादि, स्टिनेट के माई, बेकी हारपर, हुनका के खून मे लेपटाइल देखली आ पुलिस के चाला कइली। ऊ बतवली के घाव देख के लागऽता जे गर्भ फाट गइल बा। स्टिनेट के बचावे मे कुलि प्रयास बिफल रहल आ मेरिविले के संत फ्रांसिस अस्पताल मे उनका के मुअल घोसित कई दिहल गइल।

एक दिन बादि, 17 दिसंबर 2004 के मोंटगोमेरी के हुनकर घरे से धऽ लिहल गइल, हुनकरा संगे लइकियो रहे जेकरा उ आपन बतावत रहली। लइकी के ले के ओके ओकर पिता के दे दिहल गइल।

स्रोत[संपादन करीं]

  1. Parker, R. J.; Slate, J. J. (September 14, 2014). "Social Media Monsters: Internet Killers". Rj Parker Publishing, Inc. Retrieved January 13, 2021 – via Google Books.