बेरूत पऽ रूस के कब्जा

विकिपीडिया से
Map of Egypt and Syria showing local troop movements and Russian naval operations between 1768 and 1774, during the revolt of Ali Bey and the Russo-Turkish War
1768 से 1774 के बीचे अली बे आ जाहिर के इलाका के बिस्तार आ लेवेंट मे रूसी नौसैनिक आंदोलन, समकालीन इतिहासकार सौवर लुसिग्नन के बिबरन के आधार पर

बेरूत पर रूसी कब्जा शाही रूसी नौसेना के भूमध्यसागर के बेड़ा के स्क्वाड्रन सभ द्वारा दू गो अलग-अलग सैन्य अभियान रहल, पहिला जून 1772 मे आ दुसरा अक्टूबर 1773 से 1774 के सुरुआत ले भइल। ई लोग 1768–1774 के बड़हन रूस-तुर्की युद्ध के दौरान एकरे लेवेंट अभियान के हिस्सा बनल। एह अभियान मे रूस के मुख्य उद्देस मिस्र के स्वायत्त शासक अली बे अल कबीर के अगुवइ मे स्थानीय ताकतन के सहायता कइल रहे जवन उस्मानी साम्राज्य के खिलाफ खुलन बिद्रोह मे रहे|

अली, उसमानी साम्राज्य के रूस मे जुध लड़े के व्यस्तता के लाभ उठावत मिस्र के आजादी के घोसना कइ देलें आ 1771 मे मुहम्मद बे अबू अल-धाहाब के नेतइ मे सेना के लेवेंट मे उस्मानी इलाका पऽ कब्जा करे बदे भेज देलें। अबू अल-धाहाब अप्रत्याशित रूप से मिस्र पऽ नियंत्रन ला अली अपान प्रतिद्वंद्वी अउरी उस्मान के खिलाफ रूस से सैन्य सहायता के निहोरा कइलें| जब एगो छोट रूसी स्क्वाड्रन के रूप सहायता एह खेत्त मे पहुंचल तले अली मिस्र से भाग के आपन सहजोगी जाहिर अल उमर के सत्ता अड्डा एकर मे सरन ले लेले रहलें| साइडन पर उस्मानी हमला के भगावे मे मदद कइला के बाद रूसी स्क्वाड्रन बेरूत गइल। जून 1772 मे ई लोग एह शहर पर बमबारी कइलस आ 23 से 28 जून के बीच मे एह शहर पर कब्जा कऽ लिहलस।