बेकल उत्साही

विकिपीडिया से
बेकल उत्साही
2013 में उत्साही
जनमशफ़ी खाँ लोदी
1928
बलरामपुर, उत्तर प्रदेश, भारत
निधन3 दिसंबर 2016 (उमिर 88)[1]
नई दिल्ली , भारत
मौत के वजहबेमारी/बुढ़ापा
निवासनई दिल्ली, बलरामपुर
राष्ट्रीयताभारतीय
पेशाकवी, लेखक, नेता
Organizationकांग्रेस पार्टी
माईबापजफर खां लोदी, बिस्मिल्ला बेगम
वेबसाइटhttp://bekalutsahi.webs.com

बेकल उत्साही (1928 – 3 दिसंबर 2016), असल नाँव मो॰ शफ़ी खाँ लोदी,[2] एक ठो कवी, लेखक आ राजीनीतिज्ञ रहलें। उत्साही हिंदी-उर्दूअवधी भाषा[3] में कबिताई करें। देसी भाषा के इस्तेमाल इनके कविता आ गीत सभ के बिसेसता मानल जाले।[4]

एकरे अलावा, उत्साही काँग्रेस पार्टी से जुड़ल रहलें आ राज्य सभा के सदस्य भी रहलें। उत्साही के पद्मश्रीयश भारती सम्मान मिलल रहे।

जीवन[संपादन करीं]

बेकल उत्साही के वास्तविक नाँव शफ़ी खाँ लोदी रहल। इनके बाबूजी के नाँव मो॰ जफ़र खां लोदी आ माताजी के नाँव बिस्मिल्ला रहल। इनकर जनम सन् 1928 में बलरामपुर जिला के गौर रमवापुर में भइल। सुरुआती पढ़ाई अपने गाँव में आ हाईस्कूल के पढ़ाई बलरामपुर के ऍस॰सी॰ कॉलेज से भइल।[2]

1952 के चुनाव परचार में जवाहरलाल नेहरू गोंडा के दौरा पर रहलें आ एही समय इनकर कबिता सुन के इनके उत्साही कहलें।[2]

राजनीतिक जीवन[संपादन करीं]

उत्साही कांग्रेस से जुड़ल रहलें आ इंदिरा गाँधी के करीबी रहलें। राष्ट्रीय अखंडता के खातिर काम करे के कारण इनके राज्य सभा खातिर नामांकित कइल गइल।[5] राष्ट्रीय इंटीग्रेशन कौंसिल के सदस्य भी रहलें, जेकर अध्यक्ष परधानमंत्री होलें।[6]

रचना संसार[संपादन करीं]

बेकल उत्साही के हिंदी आ उर्दू के बीच के दूरी कम करे वाला साहित्यकार मानल जाला।[7] इनके कुछ प्रमुख रचना के नाँव नीचे दिहल बा:

  • नगमा-ओ-तरन्नुम (1958)
  • बिगुलविजय
  • लहके बगिया महके खेत
  • सरवरे जाविदाँ (1960)
  • अपनी धरती चाँद का दर्पन
  • पुरवाईयाँ (1976)
  • कोमल मुखड़े बेकल गीत
  • शुआमजी (1984)
  • चल गोरी दोहापुरम्

अनुबाद[संपादन करीं]

  • नेपाल के शाह महेंद्र के गीत संग्रह बसई को लोग के अनुबाद
  • फिलिस्तीनी कवी महमूद दरवेश के रचना के अनुबाद

सम्मान[संपादन करीं]

1976 में उत्साही के पद्मश्री सम्मान मिलल। एकरे अलावा इनके उत्तर प्रदेश सरकार द्वारा यश भारती से सम्मानित कइल गइल।[8]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. http://www.amarujala.com/lucknow/bekal-utsahi-died-after-brain-haemorrhage
  2. 2.0 2.1 2.2 Awadhi Granthawali-4. Vani Prakashan. 2011. pp. 393–. ISBN 978-81-8143-904-8.
  3. Hamare lok Priya Geetkar Bekal Utsahi. Vani Prakashan. pp. 8–.
  4. Cala gorī dohāpuram. Vāṇī Prakāśana. 2009. pp. 5–. ISBN 978-93-5000-006-9.
  5. List of Former Members of Rajya Sabha (Term Wise). Rajya Sabha Secretariat.
  6. Re-constitution of the National Integration Council. Government of India, Ministry of Home Affairs (5 अप्रैल 2010) . Retrieved on 3 December 2016.
  7. Bṛhad Urdū sāhitya kośa. Vāṇī Prakāsana. 2002. pp. 347–. ISBN 978-81-7055-985-6.
  8. Akhilesh honours 56 achievers with Yash Bharti. Times of India (10 फरवरी 2015). Retrieved on 2016-12-03.