बुद्ध पूर्णिमा
बुद्ध पूर्णिमा | |
---|---|
![]() दक्खिन कोरिया के सियोल में बुद्ध जयंती के समारोह | |
ऑफिशियल नाँव | Fódàn (佛誕) Phật Đản Chopa-il (초파일, 初八日) বুদ্ধ পূর্ণিমা बुद्ध जयंती Vesākha |
मनावे वाला | बौद्ध लोग आ कुछ हिंदू लोग |
प्रकार | बौद्ध, संस्कृतिक |
महत्त्व | गौतम बुद्ध के जनम दिन के रूप में मनावल जाला। |
समय | क्षेत्र अनुसार बदले ला |
केतना बेर | सालाना |
संबंधित बा | वेसाक |
बुद्ध पूर्णिमा भा बुद्ध जयंती दक्खिन एशिया, मने भारत आ आसपास के इलाका, आ दक्खिन पूरुब एशिया अउरी पूरुब एशिया में प्रमुख रूप से मनावल जाए वाला एगो बौद्ध तिहुआर हवे जे गौतम बुद्ध के जनम के उपलक्ष में मनावल जाला। थेरवादी बौद्ध परंपरा आ नेपाली बिबरन सभ के अनुसार गौतम बुद्ध के जनम 623 ईसा पूर्ब में लुंबिनी में भइल रहल आ लालन-पालन कपिलवस्तु में भइल।
मानल जाला कि बुद्ध के जनम, ज्ञान प्राप्ति आ निर्वाण (निधन) तीनों बइसाख महीना के पुर्नवासी के भइल रहलें। एही से बइसाख के एह पूर्णिमा के बुद्ध पूर्णिमा के रूप में मनावल जाला। कई देस सभ में एकरा के वेसाक नाँव से भी मनावल जाला, शब्द संस्कृत के वैशाख के बदलल रूप हवे।
संदर्भ[संपादन करीं]
![]() | ई संस्कृति-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
![]() | ई बौद्ध धर्म-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |