बिस्व मधुमाछी दिवस
Appearance
बिस्व मधुमाछी दिवस चाहे विश्व मधुमक्खी दिवस (World Bee Day) 20 मई के मनावल जाए वाला दिवस हवे। ई यूनाइटेड नेशंस द्वारा घोषित एगो दिवस हवे जे मधुमाछी आ अउरी अइसने परागण में सहायक जीवधारी सभ के भूमिका के पहिचान दियावे खातिर मनावल जाला।[1]
20 मई स्लोवेनिया के एंटोन जान्सा के जनमदिन हवे जे 1734 में एही दिन पैदा भइल रहलें आ मधुमक्खी पालन के क्षेत्र में काम कइलेन। 2017 के दिसंबर में स्लोवेनिया के प्रस्ताव के यूनाइटेड नेशंस के मजूरी मिलल आ ई दिवस पूरा बिस्व में मनावल जाए लागल।[2]
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]- बिस्व कछुआ दिवस (23 मई)