बिरहा

विकिपीडिया से
Jump to navigation Jump to search

बिरहा एक किसिम के लोकगीत हवे जे उत्तर भारत के भोजपुरी क्षेत्र आ अवधी भाषी इलाका में प्रमुख रूप से गावल जाला, हालाँकि एकर बिस्तार मध्य प्रदेश के बघेलखंड आ उत्तरी छतीसगढ़ में भी मिले ला। एकरे आलावा भोजपुरी लोग जहाँ जहाँ गइल बा ओहिजा भी ई सुने के मिल सके ला। मूल रूप से ई अहिर लोग के गीत मानल जाला। हालाँकि, वर्तमान में एकरा गावे वाला लोग अहिरे होखे अइसन कौनों पाबंदी ना बा।

संदर्भ[संपादन]