बियोनसे
बियॉन्से नोवेल्स | |
---|---|
![]() बियॉन्से नोवेल्स 2019 मे | |
सामान्य जानकारी | |
जनम नाँव | बियॉन्से गज़ेल नोवेल्स |
पुकार नाँव | साशा फ़िर्स |
जनम | [1] | सितंबर 4, 1981
मूल | होस्टन, टेक्सास, अमेरिका |
बिधा | आराइंडबी, पॉप, सोल, हिप हॉप |
पेशा सभ | गायिका, रेकॉर्ड निर्माता, अभिनेत्री, नर्तक, छायाकार, मॉडल, फ़ैशन डिज़ाइनर |
साज | आवाज़ |
सक्रियता | 1997–अबतक |
लेबल सभ | कोलंबिया |
संबंधित एक्ट | डेस्टिनिज़ चाइल्ड, जे-ज़ी, सोलांजे नॉलेस, कॉने वेस्ट, लेडी गागा |
वेबसाइट |
![]() बियॉन्से के हस्ताक्षर |
बियॉन्से गज़ेल नोवेल्स कार्टर (जनम: 4 सितंबर 1981) एगो अमेरिकी गवईया, नर्तकी, अभिनेत्री बाड़ी। संगीत, नृत्य आ फैशन मे हिनकर परभवसाली जोगदान हिनकरा के एगो वैश्विक पहिचान दियवले बाटे। ह्यूस्टन मे जनमल आ पिसैल, बियोनसे लइकाइं मे बहुते गावे आ नाचे के प्रतिजोगिता मे भाग लिहले रही। 1990 के दसक के अंत मे ई परसिद्ध भइली।
डेस्टिनिज़ चाइल्ड के बाद बियोनसे आपन एकल एल्बम डेंजरस्ली इन लव 2003 मे अनली जेहमे "क्रेज़ी इन लव" आ "बेबी बॉय" गीत बिलबोर्ड हॉट 100 मे पहीलका स्थान प रहल। ई एल्बम बछर कर सभसे सफ़ल एल्बम रहल आ एकरा से हुनकरा पांच गो ग्रैमी पुरस्कार मिलल। 2005 मे डेस्टिनिज़ चाइल्ड के टुटला के बादि बियोनसे आपन दोसरका एकल एल्बम ब'डे 2006 मे रिलीज़ कइली जेमे हिट गीत "इर्रिप्लेसेबल" आ "ब्युटिफ़ुल लायर" रहे। हुनकर तिसरका एकल एल्बम आय एम... साशा फ़िर्स 2008 मे आइल जेकरा मे चार गो व्यापारिक तौर प सफ़ल गाना —"इफ़ आय वर अ बॉय", "सिंगल लेडिज़ (पुट अ रिंग ऑन इट)", "हेलो" आ "स्विट ड्रिम्स" रहे। इ एलबम हुनकरा छव गो ग्रैमी पुरस्कार दियवइलस आ एगो राति मे सभसे बेसी ग्रैमी पुरस्कार जिते वाला पहिलका मेहरारू बनि गईली।[2] तिन बरस बादि बियोनसे आपन चउथा एकल एल्बम "4" (2011) रिलीज़ कइली जे हूनकरा बिलबोर्ड 200 के पहिलका पायदान प रहे आला लगातार चउथा अल्बम रहल। हेकरा से ऊ दोसरका मेहरारू कलाकार आ तिसरका कलाकार बनि गईली जेकर चार गो एल्बम चार्ट के पहिलका क्रमांक प रहल।
संगित काज के बादि बियोनसे अभिनय कला मे अइली। उ 2001 मे बनल संगितमय फिलिम कार्मेन: अ हिप हॉपेरा से पदार्पण कइली आ बादि मे ऑस्टिन पॉवर्स इन गोल्डमेम्बर (2002) आ ड्रिमगर्ल्स (2006) खानी बड फ़िल्मन मे काज कइली जेकरा ला हुनकरा के दुगो गोल्डन ग्लोब पुरस्कारों ला नामांकन मिलल। उ 2008 मे बनन कैडिलैक रेकॉर्ड्स मे अभिनय किया। 2004 मे बियोनसे आ हुनकर माई मिलके आपन पारिवारिक फ़ैशन शृंखला हाउस ऑफ़ डेरिऑन चालू कईल। 2010 मे उ लोग फ़ोर्ब्स के बिश्व कर 100 सभसे बेसी बरियार आ प्रभावपुर्ण गायकन के सूची पहिलका स्थान प[3] आ होकर बिश्व कर 100 सभसे बेसी बरियार आ प्रभावपुर्ण सिलेब्रिटी के सूची मे दुसरका स्थान प रहली।[4]
बियोनसे के काज हुनकरा कए गो पुरस्कार आ मान दियवले बा जेकरा मे 16 गो ग्रैमी पुरस्कार, 11 गो एमटीवी वीडियो म्युज़ीक पुरस्कार, एगो बिलबोर्ड मिलेनियम पुरस्कार आ हॉलिवुड वॉक ऑफ़ फ़ेम मे डेस्टिनिज़ चाइल्ड संघे एक सितारा बा। 2009 मे बिलबोर्ड हुनकरा 2000 के दशक कर उच्च रेडियो कलाकार का मन देलस।[5] मई 2010 ले बियोनसे अमेरिका मे 1.2 करोड़ एल्बम की बेचले रही। जनवरी 2012 ले हुनकर 7.5 करोड रेकॉर्ड बिश्वभर मे बेचाइल रहे।[6]
सनर्भ[संपादन]
- ↑ ऐडम्स, गाय (फ़रवरी 6, 2010). "बियॉन्से: बॉर्न टु बि अ स्टार". द इंडिपेंडंट. युके. पुरालेखित से पुरालेखित 17 जून 2018 के. पहुँचतिथी जनवरी 9, 2011. Check date values in:
|date=
(मदद) - ↑ सिसारिओ, बेन (फ़रवरी 1, 2010). "ऐट हॉट कॉन्टेस्ट, कूल बियॉन्से इज़ अ डायनामो बट नेवर अ डिवा". द न्यु यॉर्क टाइम्स. द न्यु यॉर्क टाइम्स कंपनी. पुरालेखित से पुरालेखित 11 फ़रवरी 2010 के. पहुँचतिथी फ़रवरी 1, 2010. Check date values in:
|accessdate=, |date=, |archive-date=
(मदद) - ↑ "सेलेब्रिटी 100: म्युज़िशियन्स". फ़ोर्ब्स. जुन 29, 2010. पुरालेखित से पुरालेखित 25 फ़रवरी 2012 के. पहुँचतिथी जुन 29, 2010. Check date values in:
|accessdate=, |date=, |archive-date=
(मदद) - ↑ डोरोथी पोमेरांट्ज़, लेसी रोज़ (जुन 28, 2010). "द वर्ल्ड्स मोस्ट पावरफ़ुल सेलेब्रिटिज़". फ़ोर्ब्स. पुरालेखित से पुरालेखित 13 जनवरी 2012 के. पहुँचतिथी जुन 29, 2010. Check date values in:
|accessdate=, |date=
(मदद) - ↑ "टॉप 100 म्युज़िक हिट्स, टॉप 100 म्युज़िक चार्ट्स, टॉप 100 सांग्स ऐंड द हॉट 100". बिलबोर्ड. दिसंबर 31, 2009. ओरिजनल से 20 जुलाई 2012 के पुरालेखित. पहुँचतिथी जुन 6, 2010. Check date values in:
|accessdate=
(मदद) - ↑ "द 50 पिपल हू मैटर टुडे: 41–50". न्यू स्टेट्समैन. युके. सितंबर 24, 2009. पुरालेखित से पुरालेखित 28 सितंबर 2009 के. पहुँचतिथी फ़रवरी 7, 2011. Check date values in:
|accessdate=
(मदद)