बारूद
Jump to navigation
Jump to search
बारूद जेकरा के अंगरेजी में गन पावडर भा ब्लैक पाउडर कहल जाला, एक तरह के बिस्फोटक पदार्थ हवे जे चिंगारी पकड़ले पर तेज आवाज आ धुआँ के साथे तेजी से जरे ला। ई एक तरह के रासायनिक मिक्सचर हवे जेह में गंधक, चारकोल (मोलायम लकड़ी के कोइला) आ शोरा (साल्टपिटर) मिलल होला। एकरे बिस्फोटक लच्छन के कारण ई पड़ाका बनावे, बिबिध किसिम के बंदूक आ हथियारन में आ अउरी कई किसिम के बिस्फोट करे में इस्तेमाल होखे ला।
मनुष्य द्वारा बनावल ई पहिला बिस्फोटक पदार्थ हवे। आमतौर पर एह में 75% शोरा, 15% चारकोल आ 10% गंधक होला। चारकोल आ गंधक एकरा तेजी से जरे में ईंधन के काम करे लें जबकि शोरा ऑक्सीडाइजर होला।
संदर्भ[संपादन]
![]() | ई रसायनशास्त्र-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |