Jump to content

बर्ड फ्लू

विकिपीडिया से

बर्ड फ्लू (अंग्रेजी: bird flu) चाहे एवियन इन्फ्लुएंजा (avian influenza) वाइरस से होखे वाली बेमारी ह। ई वाइरस टाइप ए (type A) के होखे लें आ आमतौर प चिरई सभ के इन्फेक्ट करे लें, हालाँकि, कब्बो-काल्ह ई आदमी के भी इन्फेक्ट क सके लें आ बेमार बना सके लें। इन्फ्लुएंजा जोखाम-बोखार के रूप में होखे वाली बेमारी ह आ बर्ड फ्लू क लच्छन भी अइसने होखे लें। हालाँकि, बेसी इन्फेक्शन होखे पर साँस लेवे में तकलीफ आ अंत में मौत तक ले हो सके ला।