फ्रेज

विकिपीडिया से

फ्रेज (अंग्रेजी: phrase; फ्रेज़ भा फ्रेस़) जेकरा उदगार (expression; ऍक्सप्रेशन) आ हिंदी में पदबंध कहल जाला[1] एक ठो भा एक से बेसी शब्दन (टेक्नीकल रूप से पद सभ) के समूह होला जे कौनो व्याकरणिक इकाई के रूप में काम करे ला। उदाहरन खातिर "एगो बहुत खुबसूरत लइकी" एगो संज्ञा पदबंध (नाउन फ्रेज) हवे जेह में "खुबसूरत लइकी" विशेषण पदबंध (एडजेक्टिव फ्रेज) शामिल बाटे।

व्याकरणिक इकाई के रूप में ई जवना पार्ट ऑफ़ स्पीच (शब्दभेद) के काम करे लें उनहने के आधार से इनहन के नाँव रखल जाला; इनहन के प्रकार - संज्ञा पदबंध, सर्वनाम पदबंध, विशेषण पदबंध, क्रिया पदबंध आ क्रिया-विशेषण पदबंध बाड़ें।[1]

पदबंध भा फ्रेज़, क्लॉज़ (clause) से छोट इकाई होला; क्लॉज के हिंदी में वाक्यांतर भा उपवाक्य कहल जाला।[1]

छोट फुटनोट[संपादन करीं]

स्रोत ग्रंथ[संपादन करीं]

  • शर्मा, रामकिशोर (2007). भाषाविज्ञान, हिंदी भाषा और लिपि (हिंदी में). इलाहाबाद: लोकभारती प्रकाशन. ISBN 978-81-8031-176-5. Retrieved 27 मई 2023.