Jump to content

प्लेबैक सिंगर

विकिपीडिया से
सफ़ेद साड़ी पहिरले एगो बूढ़ औरत के कुछ हद तक प्रोफाइल तस्वीर जेह में ऊ कैमरा से अलगा ओर देखत बाड़ी
लता मंगेशकर एगो परसिद्ध प्लेबैक सिंगर रहल बाड़ी जे अपना कैरियर में हजारन गो गाना रिकार्ड करा चुकल रहली।

प्लेबैक सिंगर (playback singer) अइसन गायक कलाकार होखे लें जिनहन लोगन के आवाज में गीत रिकार्ड क लिहल जाला आ फिर एह रिकार्डिंग के फिलिम सभ में इस्तेमाल कइल जाला। प्लेबैक सिंगर लोग साउंडट्रैक रिकार्ड करा देला आ फिलिम में जेकरा ऊपर ई गाना शूट होखे ला ऊ एक्टर/ऐक्ट्रेस लोग गाना के बोल पर मुँह चलावे ला जेकरा के लिप-सिंकिंग कहल जाला; असली गायक/गायिका फिलिम में स्क्रीन पर ना लउके लें।

हिंदी भाषा में एह लोगन के पार्श्वगायक/पार्श्वगायिका कहल जाला