Jump to content

पोर्न फिलिम

विकिपीडिया से

पोर्न फिलिम, पोर्नोग्राफिक फिलिम (pornographic film), चाहे ब्लू फिलिम (blue film), अइसन फिलिम होखे लीं जे कामुकता आ कामुक क्रिया सभ के खुल्ला चित्रण करे लीं आ देख वाला के कामोत्तेजना पैदा करे आ कामुक संतुष्टी देवे भा कामुक क्रिया में सहायक होखे में कामे आवे लीं, जवना में कामुक अभिनेता आ अभिनेत्री (पॉर्न स्टार) शामिल रहेलें।[1]

एह फ़िल्मन में अक्सर गैर-सम्भोग यौन क्रिया के दृश्य भी खुले रूप में देखावल जाला। ई फ़िल्म प्रौढ़न (१८+ उमिर) के खातिर बनावल जाला, आ नाबालिगन खातिर अनुपयुक्त मानल जाला।[2]

कइएक देसन में अइसन फ़िल्म पर पूरी तरह से पाबंदी लगावल गइल बा,[3] जबकि कुछ देसन में ई उद्योग वैध बा।[4]

कामुक फ़िल्म में अक्सर यौन कल्पना, नग्नता, आ वासना-प्रधान दृश्य देखावल जाला। "इरोटिक" आ "पॉर्नोग्राफिक" फ़िल्म के बीच अन्तर एह पर निर्भर करेला कि यौनता के प्रस्तुति के स्तर का ह आ कथानक पर कतना जोर बा।

तकनीकी विकास आ माँग के अनुसार ई फ़िल्मन के कई माध्यमन पर बनावल आ वितरित कइल जाला — जइसे DVD, मोबाइल डिवाइस, इंटरनेट स्ट्रीमिंग, केबल टीवी, सैटेलाइट आ Pay-per-view सेवा। बहुते देशन में सेंसरशिप आयोग, जनमत, नैतिकता कानून, या धार्मिक दबाव के चलते मुख्यधारा के टीवी पर अइसन सामग्री पर रोक लगावल जाला।

कामुक फ़िल्मन के इतिहास १९वीं सदी के आखिर में फिल्म के अविष्कार के बाद शुरू भइल। पहिले इरोटिक फ़िल्म के रूप में फ्रांस के 1896 में बनल Le Coucher de la Mariée के पहिचानल जाला।[5]

1970 के दशक में "पोर्न के सुनहरा दौर" (Golden Age of Porn) में अइसन फ़िल्मन के अर्ध-वैधता मिलल। एह दौरान कइएक मुख्यधारा के अभिनेता- अभिनेत्री भी एह में हिस्सा लिहलें, हालाँकि अधिकतर साफ़ दृश्य में ना रहे।[6]

1980 के दशक में घर पर वीडियो प्लेयर के आवा से कामुक फ़िल्मन के वितरण बहुत बढ़ गइल, आ लोग आपन घर में ही अइसन फ़िल्म देखे लगलें।

1990 के आखिरी आ 2000 के शुरुआत में, इंटरनेट के आगमन से ई फ़िल्मन के वितरण के तरीका पूरी तरह बदल गइल। अब ई ऑनलाइन उपलब्ध हो गइल, जवना से दुनियाभर के सेंसरशिप व्यवस्था आ "अश्लीलता" के कानूनी परिभाषा पर बहस शुरू हो गइल।

स्वास्थ्य से जुड़ल मुद्दा

[संपादन करीं]

कामुक फ़िल्मन में अक्सर बिना कंडोम के यौन क्रिया देखावल जाला, जवना से यौन संक्रमित रोग (STI) के खतरा बढ़ जाला। 1986 में HIV के फैलाव से कई अभिनेता- अभिनेत्री AIDS से ग्रस्त हो गइल रहलें। एहके ध्यान में रखके 1998 में Adult Industry Medical Healthcare Foundation (AIM) के स्थापना भइल, जवना के उद्देश्य अमेरिका के पॉर्न उद्योग में स्वास्थ्य निगरानी प्रणाली बनावल रहल। एहके तहत हर ३० दिन में अभिनेताओं के HIV टेस्ट जरूरी बनावल गइल।[7]

उल्लेखनीय फ़िल्मन के उदाहरण

[संपादन करीं]
Am Sklavenmarkt (1906)
El Satario
Am Abend (1910)
A Free Ride (1915)
Eveready Harton in Buried Treasure

कामुक फ़िल्म उद्योग

[संपादन करीं]
Naughty America के सेट पर के दृश्य (2007)
EquinoXe फ़िल्म के सेट पर कलाकार (2015)
  1. Williams, Linda (1999). Hard Core: Power, Pleasure, and the "Frenzy of the Visible". University of California Press. ISBN 978-0-520-22361-0.
  2. McKee, Alan (2010). Pornography as Entertainment. In Attwood, Feona (ed.). Mainstreaming Sex: The Sexualization of Western Culture. I.B. Tauris. ISBN 978-1-84885-085-5.
  3. Wikipedia contributors. "Pornography laws by country." Wikipedia, The Free Encyclopedia.
  4. McNair, Brian (2013). Porno? Chic! How Pornography Changed the World and Made it a Better Place. Routledge. ISBN 978-0-415-52729-9.
  5. Ramsaye, Terry (1926), A Million and One Nights: A History of the Motion Picture Through 1926, Simon and Schuster Essandess paperback reprint, 1964
  6. जइसे कैमरून मिशेल Dixie Ray, Hollywood Star में, आ हास्य अभिनेता Richard Belzer Cafe Flesh में देखल गइल रहलें।
  7. Basten, Fred; Holmes, Laurie; Holmes, John C. (1998). Porn King: The John Holmes Story. John Holmes Inc. ISBN 978-1-880047-69-9.