पोर्टफोलियो इन्वेस्टमेंट

विकिपीडिया से
(पोर्टफोलियो निवेश से अनुप्रेषित)

पोर्टफोलियो इन्वेस्टमेंट भा पोर्टफोलियो निवेश अइसन निवेश होलें जे परिसंपति (एसेट) सभ के समूह (पोर्टफोलियो) के रूप में होलें आ एह में इक्विटी सिक्योरिटी सभ में होखे वाला लेनदेन भी शामिल होला; मने के पोर्टफोलियो निवेश में कॉमन स्टॉक, आ कर्जा सिक्योरिटी सभ जइसे कि बैंकनोट, बांड आ डिबेंचर द्वारा कइल जाए वाला इन्वेस्टमेंट।

पोर्टफोलियो निवेश एक तरह से पैसिव (निष्क्रिय) निवेश होला; मतलब की निवेश करे वाला सीधे नियंत्रण करे वाला के भूमिका में ना होला बांड भा डिबेंचर इशू करे वाली कंपनी के मैनेजमेंट में सीधा भागीदारी ना करे लें। अइसन निवेश के एकलौता मकसद फाइनेंशियल लाभ लिहल होला, जबकि सीधा बिदेसी निवेश (ऍफ़डीआइ) में निवेश करे वाला के कंपनी के मैनेजेरियल कामकाज पर एगो निश्चित सीमा तक नियंत्रण (कंट्रोल) के भूमिका होखे ले।

संदर्भ[संपादन करीं]