पोर्टफोलियो
Appearance
फाइनेंस में, पोर्टफोलियो (portfolio) सगरी निवेश (इन्वेस्टमेंट) सभ के एकट्ठा समूह होला।[1] केहू ब्यक्ति भा संस्था कहाँ-कहाँ केतना इन्वेस्टमेंट कइले बाटे आ केतना-केतना इन्वेस्टमेंट कइले बा ओह सगरी रेंज के एकट्ठा रूप से ओह ब्यक्ति भा संस्था क पोर्टफोलियो कहल जाई। एह में स्टॉक भा शेयर, बांड, कमोडिटीज, कैश, आ कैश के इक्विवैलेंट शामिल होखे लें; क्लोज्ड एंड फंड आ एक्चेंज-ट्रेडेड फंड (ETF's) भी शामिल होलें।[2]
एक्टिव इन्वेस्टमेंट खातिर पोर्टफोलियो मैनेजमेंट एगो बहुते जरूरी आ महत्त्व वाला चीज हवे। केहू ब्यक्ति आपन इन्वेस्टमेंट पोर्टफोलियो के खुदहू मैनेज क सके ला चाहे ऊ कवनों प्रोफेशनल ब्यक्ति चाहे संस्था के मदद ले सके ला। एह मैनेजमेंट स्ट्रेटजी में पोर्टफोलियो के डाइवर्सिफिकेशन (बिबिधता भरल बनावल) सबसे महत्व के चीज होला।
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "portfolio meaning". dictionary.cambridge.org. Retrieved 13 मई 2024.
- ↑ "Financial Portfolio: What It Is, and How to Create and Manage One". Investopedia (अंग्रेजी में). Retrieved 13 मई 2024.
![]() | ई फाइनेंस-संबन्धी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |