पापुलर संस्कृति

विकिपीडिया से
(पॉप संस्कृति से अनुप्रेषित)

पापुलर संस्कृति चाहे पॉप कल्चर कौनों समाज में, कौनों समय बिसेस पर खूब चलनसार बेहवार, बिचार आ चीज सभ के एकट्ठा पहिचान के रूप में ओह समाज के लोग द्वारा चिन्हित कइल जाला। यानी कि संस्कृति के ऊ सगरी तत्व जे ओह समय बिसेस पर चलन के मामिला में हावी होखें। पापुलर कल्चर में एह बात के बिचार भी सामिल होला कि ओह समय पर समाज में हावी आ चलनसार चीज के परभाव का पड़ रहल बा।

आधुनिक समय के मास मीडिया के ब्यापकता अइसन पापुलर चीज आ बिचार सभ के लोगन के रोज-रोज के जिनगी में समा जाए वाला बना दे रहल बा आ मीडिया एह समय पॉप संस्कृति के सभसे जबरदस्त बाहक बाटे।