पैराडाइम शिफ्ट

विकिपीडिया से

पैराडाइम शिफ्ट (अंग्रेजी: paradigm shift) अमेरिकी भौतिकीविद आ दार्शनिक थॉमस कून द्वारा चिन्हित कइल एगो कांसेप्ट हवे; कौनों बिज्ञान के शाखा के बेसिक कांसेप्ट आ एक्सपेरिमेंट सभ में मूलभूत बदलाव आ जाये के कून पैराडाइम शिफ्ट के रूप में चिन्हित कइलें। हालाँकि कून एह कांसेप्ट के खाली प्राकृतिक बिज्ञान सभ खातिर इस्तेमाल कइले रहलें, कई गैर-बैज्ञानिक संदर्भ सभ में एह कांसेप्ट के लागू कइल गइल; एकर साधारण मतलब होला कौनों बिसय के दर्शन, रिसर्च मेथड आ थियरी सभ में ब्यापक आ क्रांतिकारी बदलाव।

थॉमस कून अपना परसिद्ध किताब द स्ट्रक्चर ऑफ़ साइंटिफिक रिवोल्यूशंस (1962) में एह कांसेप्ट के प्रस्तुत कइलेन।

प्राकृतिक बिज्ञान सभ के अलावा भूगोल नियर बिसय सभ में एह कांसेप्ट के इस्तेमाल ब्यापक बदलाव खातिर कइल जाला; जईसे कि भूगोल मे 1950 आ 1960 के दशक में क्वांटिटेटिव रिवोल्यूशन भइल जेकरा एगो पैराडाइम शिफ्ट के दर्जा दिहल जाला।