Jump to content

पेन ड्राइव

विकिपीडिया से
पेन ड्राइव
2011 के 4GB कैपसिटी के एगो पेन ड्राइव
पेन ड्राइव के अंदरूनी चीज
एगो पेन ड्राइव के भीतर के चीज। बायाँ चिप फ्लैश मेमोरी हवे आ दाहिनी ओर वाली कंट्रोलर चिप हऽ

पेन ड्राइव (Pen drive) चाहे यूएसबी फ्लैश ड्राइव डिजिटल डेटा भंडारण के एगो जुगत हवे; एह में फ्लैश मेमोरी आ यूएसबी कनेक्टर लागल होखे ला। फ्लैश मेमरी अइसन कंप्यूटर स्टोरेज होला जे गैर-अस्थाई होला, सॉलिड-स्टेट होला आ री-राइट कइल जा सके ला। तोशिबा कंपनी अइसन पहिला मेमरी बनवलस आ ई अस्सी के दशक में मार्केट में आइल। वर्तमान में अइसन मेमरी के इस्तेमाल पेन ड्राइव के अलावा मेमोरी कार्ड आ नया जमाना के हार्ड डिस्क सभ में हो रहल बा। एही मेमोरी के कारण पेन ड्राइव के फ्लैश ड्राइव भी कहल जाला।

पेन ड्राइव सभ के सुरुआती दौर में ई एक जीबी से कम कैपसिटी के होखें सऽ बाकी समय के साथेसाथ इनहन के मेमोरी कैपसिटी बढ़त गइल आ दाम कम होखत गइल। 2018 के भारतीय मार्केट में 8GB से ले के 32GB तक ले के पेन ड्राइव पापुलर बाड़ी सऽ। हालाँकि, इनहन के कैपसिटी टेराबाइट तक में बा।[1] आम तौर पर एह पेन ड्राइव सभ में री-राइट करे के संख्या 1,00,000 (एक लाख) बेर होला, हालाँकि इहो चिप के प्रकार पर निर्भर होला।

  1. "The Largest Flash Drives | Digital Trends". Digital Trends (in American English). 2018-07-23. Retrieved 2018-10-09.