शिक्षाशास्त्र

विकिपीडिया से
(पेडागोजी से अनुप्रेषित)

शिक्षाशास्त्र (अंग्रेजी: Pedagogy, /ˈpɛdəɡɒi, -ɡi, -ɡɒɡi/; पेड'गोजी) पढ़ावे (टीचिंग) के कला, बिज्ञान आ पेशा हवे।[1] ई ज्ञान-बिज्ञान के शाखा आ अध्ययन के बिसय हवे जेह में पढ़ाई, पढ़ावे के तरीका, सीखल आ सीखे के तरीका; आ इनहन पर बिबिध सामाजिक, मनोबैज्ञानिक तत्वन के परभाव वगैरह के अध्ययन कइल जाला। एक दूसर नाँव एजुकेशन चाहे एडुकेशन (education) हवे;[2] हालाँकि शिक्षा बिज्ञान भा एजुकेशन साइंस के आधुनिक समय में पेडागोजी से ब्यापक बिसय मानल जाला।

पेडागोजी के आम परिभाषा दिहल जाला — पढ़ावे के बिधी के अध्ययन, जेह में शिक्षा के मकसद आ एह मकसद सभ के हासिल करे के तरीकवो सामिल होखें।[3]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Definition of PEDAGOGY". www.merriam-webster.com (अंग्रेजी में). Retrieved 17 फरवरी 2022.
  2. "Definition of EDUCATION". www.merriam-webster.com (अंग्रेजी में). Retrieved 17 फरवरी 2022.
  3. "pedagogy | Methods, Theories, & Facts | Britannica". www.britannica.com (अंग्रेजी में). Retrieved 17 फरवरी 2022. pedagogy, the study of teaching methods, including the aims of education and the ways in which such goals may be achieved.{{cite web}}: CS1 maint: url-status (link)