पूनम सिन्हा

विकिपीडिया से
Jump to navigation Jump to search
पूनम सिन्हा
Poonam Sinha returns from IIFA 2012 07.jpg
जनम (1949-11-03) 3 नवंबर 1949 (उमिर 69)
हैदराबाद
निवास पटना, बिहार
दूसर नाँव कोमल
पेशा एक्टिंग
जीवनसाथी
संतान लव सिन्हा
कुश सिन्हा
सोनाक्षी सिन्हा

पूनम सिन्हा (née Chandiramani) एक ठो भारतीय ऐक्ट्रेस बाड़ी, जे अपना सुरुआती कैरियर में हिंदी सिनेमा मे कोमल नाँव से एक्टिंग कइलीं। पूनम 1968 में मिस यंग इंडिया के बिजेता रहली।[1]

कैरियर[संपादन]

इनके फ़िल्मी नाँव कोमल रहल। फिलिम जिगरी दोस्त में उनके एही नाँव से क्रेडिट दिहल गइल। सबक फिलिम में ऊ शत्रुघ्न सिन्हा के साथे काम कइली। बाद में 1980 में ई दूनों लोग के शादी हो गइल।[2] शादी के बाद पूनम आपन फिल्मी कैरियर लगभग छोड़ दिहली आ परिवार आ बच्चा लोग पर धियान दिहली।[3] एक ठो लमहर गैप के बाद ई 2008 में जोधा अकबर में हमीदा बानू - अकबार के महतारी के रोल में लउकली।

निजी जीवन[संपादन]

पूनम सिन्हा, प्रसिद्द एक्टर आ नेता शत्रुध्न सिन्हा के पत्नी हई। एह जोड़ी के तीन गो संतान - लव, कुश आ सोनाक्षी सिन्हा बा लोग।[4][5]

फिल्मोग्राफी[संपादन]

प्रोड्यूसर के रूप में
  • प्रेम गीत (1981) (एसोशियेट प्रोडूसर)
  • मेरा दिल ले के देखो (2006)

संदर्भ[संपादन]

  1. "Response is overwhelming, says Poonam Sinha". दि टाइम्स ऑफ इंडिया. 5 मई 2009. पहुँचतिथी 24 जनवरी 2013.
  2. "Shatrughan Sinha: The role of a lifetimeTNN". दि टाइम्स ऑफ इंडिया. 11 जुलाई 2002. पहुँचतिथी 24 जनवरी 2013.
  3. "I gave up films for my kids: Poonam Sinha". Yahoo Lifestyle. 25 अप्रैल 2012. पहुँचतिथी 24 जनवरी 2013.
  4. "Actor-politician Shatrughan Sinha's wife Poonam performs Chhath". India Today. 20 November 2012.
  5. Lata Khubchandani (7 मार्च 2008). "The women behind our heroes". Sify movies.

बाहरी कड़ी[संपादन]