पीलू मोदी

विकिपीडिया से

पीलू मोदी (14 नवंबर 1926 – 29 जनवरी 1983) एक ठो भारतीय आर्किटेक्ट आ राजनेता रहलें आ स्वतंत्र पार्टी के संस्थापक सदस्य रहलें। संसद में चउथे आ पाँचवें लोक सभा चुनाव में जीत के सांसद के रूप में रहलें आ एकरे बाद 1978 से अपने निधन तक ले राज्य सभा के सांसद रहलें। पीलू मोदी के उनके व्यंग आ खुशमिजाज व्यक्तित्व के कारण याद कइल जाला।[1][2][3]

जीवन[संपादन करीं]

पीलू मोदी के जनम एक ठो पारसी परिवार में होमी मोदी के घरे भइल। उनके पढ़ाई दून स्कूल, देहरादून में भइल,[4][5] आ आगे कैलिफोर्निया बिस्वबिद्यालय भइल जहाँ से ऊ आर्किटेक्चर बिसय में मास्टर डिग्री लिहलें। जुल्फिकार अली भुट्टो, जे बाद में पाकिस्तान के परधान मंत्री बनले, कॉलेज के जमाना में पीलू मोदी के दोस्त रहलें।

राजनीति में मोदी, उदारवाद आ स्वतंत्रता के बिचारधारा के समर्थक रहलें। 1967 के लोक सभा चुनाव में गुजरात के गोधरा सीट से जीत के ऊ चउथी लोक सभा में सांसद बनलें। 1971 में ऊ दुबारा चुनल गइलेन आ मार्च 1977 ले लोक सभा में सांसद रहलें। इमरजेंसी के दौरान, मोदी के जेल में बंद कइल गइल रहल।[6]

एक साल के गैप के बाद 10 अप्रैल 1978 के मोदी राज्य सभा में सांसद के रूप में अइलें आ 1983 में अपना निधन तक ले इहाँ सांसद रहलें।

मोदी के बियाह उनके एक ठो अमेरिकी मित्र, लेविन कोलगन मोदी, जे उनके कॉलेज में साथ रहली, के साथ भइल रहल।[7] पीलू मोदी कॉलेज ऑफ आर्किटेक्चर, कटक, उड़ीसा, आ फिडे (FIDE) शतरंज प्रतियोगिता के नाँव उनके सम्मान में रखल गइल बा।

पीलू मोदी के भाई रूसी मोदी टाटा आयरन एंड स्टील कंपनी के चेयरमैन रहल बाने।

काम[संपादन करीं]

  • जुल्फी, माय फ्रेंड (1973)
  • डेमोक्रेसी मीन्स ब्रेर्ड फ्रीडम (1979)

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. By TNN (2004-08-28). "Missing in Parliament A Sense Of Humour - The Economic Times" (अंग्रेजी में). Articles.economictimes.indiatimes.com. Retrieved 2016-11-15.
  2. "पीलू मोदी की 90वीं जयंती पर 'विवेचना' - BBC हिंदी". Bbc.com. 1970-01-01. Retrieved 2016-11-15.
  3. रेहान फ़ज़ल बीबीसी हिंदी (1970-01-01). "जब पीलू ने कहा, 'I am a CIA Agent' - BBC हिंदी". Bbc.com. Retrieved 2016-11-15.
  4. Srivastava, Sanjay (1998). Constructing Post-Colonial India: National Character and the Doon School. London: Routledge. p. 240. ISBN 0-203-98027-1.
  5. "Seven Doscos in 15th Lok Sabha". The Indian Express. Dehradun. PTI. 31 मई 2009. Retrieved 29 November 2012.
  6. Modi was arrested
  7. Agarwal, Sudarshan (12 जनवरी 2006). "Humour in Parliament". The Tribune. Retrieved 29 November 2012.