पातालतोड़ कुआँ

विकिपीडिया से

पातालतोड़ कुआँ[1] चाहे आर्टीजियन कुआँ अइसन कुआँ चाहे इनार होखे ला जेह में से पानी अपने आपे बहरें निकले ला।[2] ई खन के बनावल इनार हो सके ला, पाइप ड्रिल क के बनावल बोर-वेल हो सके ला, चाहे प्राकृतिक रूप से पानी के सोता के रूप में हो सके ला, जेह में जमीनभीतरी पानी ऊपर ले चढ़ आवे चाहे बहरें निकल के बहे लागे।

अइसन घटना एगो ख़ास किसिम के भूगर्भीय बनावट के चलते होखे ला जेकरा के आर्टीजियन बेसिन चाहे आर्टीजियन एक्विफर कहल जाला। ई अइसन सिनक्लाइन होखे लें[3] जहाँ जमीन के भीतर पानी धारण करे वाली चट्टान के परत कटोरी नियर आकृति में होखे ले जेकरे किनारे वाला बाहर देख्लाई पड़े वाला किनारा सभ से पानी जमीन के भीतर जाला आ बीचा वाला हिस्सा में पानी दबाव में रहे ला, एह बीचा के इलाका में कुआँ खन दिहल जाय चाहे पाइप गाड़ दिहल जाय तब पानी दबाव के कारन ऊपर उठ आवे ला। अइसन बहाव के आर्टीजियन फ्लो कहल जाला।[4]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. खुल्लर, डी. आर. Bhugol Mukhya Pareeksha (in Hindi). McGraw-Hill Education (India) Pvt Limited. ISBN 978-0-07-014485-9.
  2. "artesian well | Britannica". www.britannica.com (in English). Retrieved 13 फरवरी 2022.
  3. Mayhew, Susan (26 मार्च 2015). A Dictionary of Geography (in English). OUP Oxford. ISBN 978-0-19-105380-1.
  4. Marsh, William M.; Kaufman, Martin M. (30 अप्रैल 2012). Physical Geography: Great Systems and Global Environments (in English). Cambridge University Press. ISBN 978-0-521-76428-5.