पंचेन लामा
पंचेन लामा तिब्बती बौद्ध धरम के गेलुगु परंपरा में एगो बहुत महत्त्ववाला पद हवे आ पंचेन लामा के आध्यात्मिक रूप से दलाई लामा के बाद दुसरहा अस्थान होला। पंचेन लामा के बुद्ध के अइसन अवतार मानल जाला जे ज्ञान के अँजोर स्वरुप होखे जबकी दलाई लामा करुणा वाला रूप के अवतार मानल जालें। बौद्ध धरम के ई शाखा पुनर्जनम में बिस्वास रखे ले आ मानल जाला कि दलाई आ पंचेन लामा लोग बेर-बेर अवतार लेला।
पंचेन शब्द पंडित आ चेनपो के मिला के बने ला जेकर शाब्दिक अरथ महान बिद्वान होला।
वर्तमान में पंचेन लामा के चीन के सरकार तबे कब्जा में ले लिहले रहल जब ऊ लरिका रहलें आ दलाई लामा उनके पंचेन लामा होखे के पहिचान कइलें।[1]
संदर्भ[संपादन करीं]
Page टेम्पलेट:Reflist/styles.css has no content.
- ↑ "कहाँ हैं पिछले 24 साल से चीन के क़ब्ज़े में क़ैद पंचेन लामा?". बीबीसी डॉट कॉम. Retrieved 2 मई 2019.
![]() | ई जीवनी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |