नोबेल पुरस्कार
Nobel Prize | |
---|---|
प्रदानकर्ता |
|
देश | |
धनराशि | A gold medal, a diploma, and a monetary award of 10 million SEK, approx. US$1,145,000 (2020)[2] |
प्रथम सम्मानित | 1901 |
वर्तमान में सम्मानित | 603 prizes to 962 laureates (2020 तक ले [update])[2] |
अधिकृत वेबसाईट |
nobelprize |
नोबेल पुरस्कार चाहे नोबेल प्राइज सभ (अंगरेजी: Nobel Prizes) पाँच गो अलग-अलग पुरस्कार हवें जे 1895 के अल्फ्रेड नोबेल के वसीयत के अनुसार "ओह लोग के दिहल जाला जे लोग, पिछला साल के दौरान, मानव जाति के सभसे ढेर फायदा दिहले होखे"। अल्फ्रेड नोबेल एगो स्वीडिश रसायनज्ञ, इंजीनियर आ उद्योगपति रहलें जे डायनामाइट के आविष्कार खातिर सभसे परसिद्ध रहलें। 1896 में इनके निधन हो गइल। अपना वसीयत में ऊ आपन सगरी "शेष वास्तविक संपत्ति" के वसीयत कइलें जेकर इस्तेमाल पाँच गो पुरस्कार सभ के स्थापना में कइल गइल जेकरा के "नोबेल पुरस्कार" के नाँव से जानल गइल। नोबेल पुरस्कार पहिली बेर 1901 में दिहल गइल।[2]
नोबेल पुरस्कार भौतिकी, रसायन बिज्ञान, शरीर बिज्ञान भा चिकित्सा, साहित्य, आ शांति के क्षेत्र सभ में दिहल जाला (नोबेल शांति पुरस्कार के बिसेसता ई रहल कि "राष्ट्र सभ के बीच फेलोशिप के आगे बढ़ावे खातिर सभसे ढेर या सभसे नीक काम करे वाला ब्यक्ति के" सेना सभ के, आ शांति कांग्रेस सभ के स्थापना के दिहल जाला")।[2]
1968 में, स्वेरिज रिक्सबैंक (स्वीडन के केंद्रीय बैंक) अल्फ्रेड नोबेल के याद में आर्थिक बिज्ञान के पुरस्कार के स्थापना खातिर फंडिंग कइलस, एकर प्रबंधन नोबेल फाउंडेशन द्वारा कइल जाला।[2][3][4] नोबेल पुरस्कार के व्यापक रूप से अपना-अपना क्षेत्र में उपलब्ध सभसे प्रतिष्ठित पुरस्कार के रूप में मानल जाला।[5][6]
फुटनोट[संपादन करीं]
- ↑ "THE SVERIGES RIKSBANK PRIZE IN ECONOMIC SCIENCES IN MEMORY OF ALFRED NOBEL".
- ↑ 2.0 2.1 2.2 2.3 2.4 "Alfred Nobel's will – The establishment of the Nobel Prize". www.nobelprize.org. Nobel Foundation. Retrieved 8 December 2020.
- ↑ "All Nobel Prizes". NobelPrize.org.
- ↑ "Nomination and selection of Laureates in Economic Sciences".
- ↑ "Top Award, ShanghaiRanking Academic Excellence Survey 201" (PDF). IREG Observatory on Academic Ranking and Excellence. Archived from the original on 12 March 2019.[स्पष्टीकरण जरूरी]|
- ↑ Shalev, p. 8
स्रोत ग्रंथ[संपादन करीं]
- Shalev, Baruch Aba (2005). 100 years of Nobel prizes (Third ed.). The Americas Group. ISBN 978-0-935047-37-0.
अउरी पढ़े खातिर[संपादन करीं]
- Pais, Abraham (1983). Subtle is the Lord: The Science and the Life of Albert Einstein (Third ed.). Oxford University Press. ISBN 978-0-19-520438-4. OCLC 8195995.
बाहरी कड़ी[संपादन करीं]
विकिमीडिया कॉमन्स पर Nobel Prize से संबंधित मीडिया
- ऑफिशियल वेबसाइट
- Nobel Prizes by universities and institutes
![]() | ई अवार्ड/ईनाम-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |