नुनछाह पानी
Jump to navigation
Jump to search
कड़ी के हिस्सा जेकर बिसय बा: |
नुनछाहपन |
---|
![]() |
नुनछाहपन के लेवल |
मीठा पानी (साफ़ पानी / Fresh water) (< 0.05%) नुनछाह पानी (Brackish water) (0.05–3%) नमकीन पानी (Saline water) (3–5%) खारा पानी (Brine) (> 5%) |
जल भंडार |
सागरजल • नमकीन झील • अतिनमकीन झील • नामक सुखावे वाला पोखरा • खारा झील (Brine pool) |
नुनछाह पानी (अंगरेजी: brackish water, ब्रैकिश वाटर चाहे brack water, ब्रैक वाटर) अइसन पानी होखे ला जे ताजा पानी से बेसी नमकीन होला बाकी समुंद्री नमकीन पानी भा खारा पानी से कम नमकीन होखे ला। अइसन पानी अक्सरहा अइसन समुंद्री चाहे खारा पानी के झील सभ के तीरे पर पावल जाला जहाँ कवनो नदी आ के मिल रहल होखे; नदी के ताजा पानी आ समुंद्र भा नमकीन झील के नमकीन पानी के मिले वाला इलाका में अइसन कुछ कम खारा चाहे नुन्छाह पानी के क्षेत्र बन जाला। कई गो समुंद्र किनारे के झील सभ में अइसन पानी पावल जाला अगर ऊ झील एक ओर समुंद्र से जुड़ल होखे आ ज्वार-भाटा के पानी के आवाजाही होखत होखे।