Jump to content

निबंध

विकिपीडिया से
फ्रांसीसी लेखक मिशेल दे मांतेन के निबंध। मांतेन के एह बिधा के सुरुआती रचनाकार मानल जाला।

निबंध (essay) आमतौर प कौनों बिसय बिसेस पर लिखल छोटहन साइज के साहित्यिक रचना होला जे बिश्लेषण आ इंटरप्रेटेशन सोझा रखे ला बाकी बिसय प सीमित नजरिया से, लेखक के निजी बिचार के नियर लिखल जाला;[1] बहुधा इस्कूल में बिद्यार्थी लोगन द्वारा कोर्स के हिस्सा के रूप में लिखल जाला;[2] रिसर्च पेपर भा थीसिस से कम औपचारिक आ कम बेवस्थित तरीका से लिखल होला।[3]

आमतौर पर निबंध के इस्तेमाल साहित्यिक समालोचना, राजनीतिक घोषणापत्र, सीखल तर्क, दैनिक जीवन के अवलोकन, संस्मरण आ लेखक के निजी चिंतन के प्रगट करे के रूप में कइल जाला। लगभग सगरी आधुनिक निबंध गद्य में लिखल गइल बाड़ें, बाकी पुराना समय के कई ठे छंद में लिखल रचना सभ के भी निबंध के नाँव दिहल गइल बा (जइसे कि अलेक्जेंडर पोप के एन एसे ऑन क्रिटिसिज्मएन एसे ऑन मैन)। जबकि संक्षिप्तता आमतौर पर निबंध के परिभाषित करे ले, जॉन लॉक के एन एसे कंसर्निंग ह्यूमन अंडरस्टैंडिंगथॉमस माल्थस के एन एसे ऑन द प्रिंसिपल ऑफ पॉपुलेशन नियर बड़हन रचना सभ एकर प्रतिउदाहरण बाड़ीं स।

कुछ देस सभ में (जइसे कि अमेरिका आ कनाडा में) निबंध औपचारिक शिक्षा के प्रमुख हिस्सा बन चुकल बा।[4] माध्यमिक दर्जा (इंटरमीडिएट) के छात्रन के लिखे के निपुणता में सुधार खातिर ढाँचा में बन्हल निबंध फार्मेट सिखावल जाला; एडमिशन निबंध के इस्तेमाल अक्सर विश्वविद्यालय सभ द्वारा अप्लिकेशन करे वाला लोगन के चुने में कइल जाला आ मानविकी आ सामाजिक बिज्ञान में निबंध के इस्तेमाल अक्सर अंतिम परीक्षा के दौरान छात्र लोग के परफार्मेंस के आकलन करे के तरीका के रूप में कइल जाला।

निबंध रचना के भी कई ठे किसिम आ उप-बिधा बाड़ी स। वर्णनात्मक निबंध में कौनों चीज के आँखिन देखल हाल नियन सजीव वर्णन देखे के मिले ला। बिबरनात्म्क निबंध इतिहासी घटना, जात्रा भा केहू ब्यक्ति के बर्णन से जुड़ल बिबरन देखावे वाला होखे लें; बहुधा क्रोनोलॉजी के हिसाब रख के लिखल घटना के बिबरन एही कटेगरी में आवे ला। बिचारात्मक निबंध में गहन-गम्हीर चिंतन, तर्क-बितर्क आ खंडन-मंडन मिले ला। भावात्मक निबंध भाव प्रधान होखे लें। ललित निबंध में भाषा आ भाव दुनों सरल आ आनंददायक होलें हालाँकि, एहू सभ में ललित रूप में गम्हीर बात कहल गइल हो सके ला।

"निबंध" के कांसेप्ट खाली भर लिखला से ऊपर उठ के अउरियो मीडिया तक पहुँचावल गइल बा। फिलिम निबंध अइसन फिलिम होखे लीं जिनहन में अक्सर डॉक्यूमेंट्री फिलिम बनावे के शैली के सामिल कइल जाला आ कौनों बिसय भा बिचार के बिकास पर ढेर फोकस कइल जाला। फोटोग्राफिक निबंध में कौनों बिसय के फोटो के लिंक कइल शृंखला के साथ सामिल कइल जाला जेह में पाठ भा कैप्शन भी जुड़ल हो सके ला।

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]
  1. "Definition of ESSAY". merriam-webster.com (अंग्रेजी में). मरियम-वेबस्टर डिक्शनरी. 27 मई 2023. Retrieved 4 जून 2023.
  2. "essay". dictionary.cambridge.org (अंग्रेजी में). कैंब्रिज डिक्शनरी. Retrieved 4 जून 2023.
  3. "Essay | Definition, Types, Examples, & Facts | Britannica". britannica.com (अंग्रेजी में). ब्रिटैनिका एन्साइक्लोपीडिया. 16 मई 2023. Retrieved 4 जून 2023.
  4. Owens, Derek (1996). "Essay". Keywords in Composition Studies. Portsmouth, NH: Boynton/Cook. pp. 85–88. ISBN 0-86709-399-4.