निपाह वाइरस इन्फेक्शन

विकिपीडिया से
निपाह वाइरस इन्फेक्शन
Nipah virus infection
हेनिपावाइरस के रूपरचना
मेडिकल ब्रांचInfectious diseases Edit this on Wikidata
लच्छनबोखार, कपार बथल, साँस के समस्या
रोग बिगड़ले परएन्सेफेलाइटिस आ कोमा
कारननिपाह वाइरस
रिस्क रहेलासंपर्क में आवे वाला लोग के

निपाह वाइरस इन्फेक्शन (NiV) जीव सभ में वाइरस के एक तरह के इन्फेक्शन बाटे जे हेनिपावाइरस जाति के निपाह वाइरस से होखे ला। सगरी हेनिपावाइरस सभ चमगादुर में प्राकृतिक रूप से पावल जालें आ इनहन से पालतू जानवर आ आदमिन के भी इन्फेक्शन होखे के खतरा बा।[1] एकर पहिचान सभसे पहिले फलभक्षी चमगादड़ में भइल जे एकर प्राकृतिक होस्ट हवे।[2] कुल 582 गो मनुष्य में निपाह वाइरस के इन्फेक्शन रिकार्ड कइल गइल बा, एह में 54 प्रतिशत जानलेवा इन्फेक्शन रहलें।[3][4] एही कारण ई चिंता के बिसय के रूप में सोझा आइल बाटे।

बिस्व स्वास्थ्य संगठन (डब्लूएचओ) के अनुसार, अभिन तक ले एकर कौनों टीका (वैक्सीन) ना बा आ इलाज के तरीका इंटेंसिव सपोर्ट देखभाल भर बाटे।[5]

चीन्हा आ लच्छन[संपादन करीं]

इन्फेक्शन होखे के बाद एकर चीन्हा आ लच्छन 3–14 दिन के बाद देखाई पड़े सुरू हो जालें। सुरुआती लच्छन में बोखार भइल, कपार बथल, ओंघाईल रहल आ बाद में आगे चल के दिमागी बिचलन आ मानसिक कन्फ्यूजन होखे ला। ई लच्छन सभ कभी-कभार बस 24–48 घंटा में भी कोमा में बदल सके लें। एकरे साथे साथ एन्सेफेलाइटिस (दिमाग में सूजन भा आम भाषा में दिमागी बोखार) भी जुड़ के मामिला के अउरी जटिल बना सके ला। बेमारी के सुरुआती अवस्था में साँस के परेशानी सभ भी देखल जा सके लीं।[2] अइसन मरीज लोग जेकरा ई इन्फेक्शन भइल होखे आ साँस के समस्या (जोखाम-खांसी) से भी परभावित होखे, ढेर चानस रहे ला कि अइसन लोग से दुसरहा बेकती के भी ई वाइरस इन्फेक्शन हो जाव।[6] अगर ई कौनों इलाका में महामारी के रूप में फइल जाय, ई लच्छन सभ वाला ब्यक्ति लोग के एह बेमारी होखे के चानस रहे ला।

रिस्क[संपादन करीं]

फलभक्षी चमगादुर एकर प्राकृतिक होस्ट हवें।

अइसन लोग जे एह वाइरस से ग्रस्त होखे, ओह लोग से अस्पताल के कर्मचारी जइसे कि नर्स आ देखभाल करे वाला लोग के ई इन्फेक्शन हो जाए के काफी रिस्क रहे ला। मलेशिया आ सिंगापूर में इहो देखल गइल बा कि एह वाइरस से ग्रस्त सूअर सभ के नजदीकी के कारन भी मनुष्य में एकर इन्फेक्शन भ गइल। भारत आ बांग्लादेस में, अइसन तरकुल के फेड़ के ताड़ी से ई इनफेक्शन भइल बा जेह पर एह वाइरस वाला गादुर रहत होखें।[7]

फइलाव[संपादन करीं]

निपाह वाइरस के फइलाव (सामयिक प्रस्फोट - आउटब्रेक) सभ कई देसन में रिकार्ड कइल गइल बाड़ें; मलेशिया, सिंगापुर, बंगलादेश आ भारत एह में सामिल बाड़ें। एह वाइरस से सभसे ढेर मौत के दर बांग्लादेश में देखल गइल बा आ इहाँ ई टिपिकल रूप में जाड़ा के सीजन में फइले ला अइसन पावल गइल बा।[8] पहिली बेर ई वाइरस साल 1998 में मलेशिया के प्रायदीपी इलाका के सूअर आ सूअर पाले वाला किसान लोग में देखल गइल। साल 1999 के बीच तक, मलेशिया में कुल 265 से ढेर आदमिन में एन्सेफेलाइटिस के केस सोझा आइल, कुल 105 लोग के मौत दर्ज कइल गइल, जबकि कुल 11 गो केस एन्सेफेलाइटिस भा साँस के समस्या के सिंगापुर में सोझा आइल।[9] साल 2001 में, एह वाइरस के प्रकोप बांग्लादेस के मैहरपुर जिला में सोझा आइल[10][11] आ भारत के सिलिगुड़ी में दर्ज कइल गइल।[10] अइसन प्रस्फोट फिन से दोबारा 2003, 2004 आ 2005 में नवगाँव जिला, मानिकगंज जिला, राजबारी जिला आ तंगैल जिला में सोझा आइल।[11]

बांग्लादेस में एकरे बाद के साल सभ में भी वाइरस के प्रकोप देखल गइल।[12][4] मई 2018 में, भारतीय राज्य केरल के कोज्झीकोड़ जिला में एह वाइरस के प्रकोप फइले के रपट आइल,[13] दस लोग के मौत एह कारन दर्ज कइल गइल जेह में स्वस्थ्यकर्मी लोग भी सामिल बा।[14] जे लोग मरल बा ऊ ज्यादातर कोज्झिकोड़ आ मल्लापुरम जिला से बा, एह अइसन मरीजन के देखरेख करे वाली 31-बरिस के नर्स भी सामिल बाड़ी। 23 मई 2018 तक ले , करीबन 8 लोग के अलगा रोक के रखल गइल बा काहें से कि ई लोग बेमार लोग के संपर्क में आइल रहल।[15][16] हिमाचल प्रदेश में मुर्दा चमगादुर मिले के कारन एकरे प्रकोप फइले के खतरा खाती भी सतर्कता के खबर आइल।[17]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "WHO Nipah Virus (NiV) Infection". www.who.int. Archived from the original on 18 अप्रैल 2018. Retrieved 21 मई 2018. {{cite web}}: Unknown parameter |deadurl= ignored (help)
  2. 2.0 2.1 "Nipah Virus (NiV) CDC". www.cdc.gov (अमेरिकी अंग्रेजी में). CDC. Archived from the original on 16 दिसंबर 2017. Retrieved 21 मई 2018. {{cite web}}: Unknown parameter |deadurl= ignored (help)
  3. Broder, Christopher C.; Xu, Kai; Nikolov, Dimitar B.; Zhu, Zhongyu; Dimitrov, Dimiter S.; Middleton, Deborah; Pallister, Jackie; Geisbert, Thomas W.; Bossart, Katharine N.; Wang, Lin-Fa (अक्टूबर 2013). "A treatment for and vaccine against the deadly Hendra and Nipah viruses". Antiviral Research (अंग्रेजी में). 100 (1): 8–13. doi:10.1016/j.antiviral.2013.06.012. ISSN 0166-3542. Retrieved 21 May 2018.
  4. 4.0 4.1 "Nipah virus outbreaks in the WHO South-East Asia Region". South-East Asia Regional Office. WHO. Retrieved 23 May 2018.
  5. http://www.who.int/csr/disease/nipah/en/
  6. Luby, Stephen P.; Hossain, M. Jahangir; Gurley, Emily S.; Ahmed, Be-Nazir; Banu, Shakila; Khan, Salah Uddin; Homaira, Nusrat; Rota, Paul A.; Rollin, Pierre E.; Comer, James A.; Kenah, Eben; Ksiazek, Thomas G.; Rahman, Mahmudur (2009). "Recurrent Zoonotic Transmission of Nipah Virus into Humans, Bangladesh, 2001–2007". Emerging Infectious Diseases. 15 (8): 1229–1235. doi:10.3201/eid1508.081237. ISSN 1080-6040. PMC 2815955. {{cite journal}}: |archive-url= requires |url= (help); Unknown parameter |deadurl= ignored (help)
  7. Luby, Stephen P.; Gurley, Emily S.; Hossain, M. Jahangir (2012). TRANSMISSION OF HUMAN INFECTION WITH NIPAH VIRUS (अंग्रेजी में). National Academies Press (US). Archived from the original on 22 मई 2018. Retrieved 21 मई 2018. {{cite book}}: Unknown parameter |deadurl= ignored (help)
  8. Chadha MS, Comer JA, Lowe L, Rota PA, Rollin PE, Bellini WJ, Ksiazek TG, Mishra A; Comer; Lowe; Rota; Rollin; Bellini; Ksiazek; Mishra (February 2006). "Nipah virus-associated encephalitis outbreak, Siliguri, India". Emerging Infectious Diseases. 12 (2): 235–40. doi:10.3201/eid1202.051247. PMC 3373078. PMID 16494748.{{cite journal}}: CS1 maint: multiple names: authors list (link)
  9. Eaton, BT; Broder, CC; Middleton, D; Wang, LF (January 2006). "Hendra and Nipah viruses: different and dangerous". Nature reviews. Microbiology. 4 (1): 23–35. doi:10.1038/nrmicro1323. PMID 16357858.
  10. 10.0 10.1 Chadha MS, Comer JA, Lowe L (2006). "Nipah virus-associated encephalitis outbreak, Siliguri, India". Emerging Infectious Diseases. 12 (2): 235–40. doi:10.3201/eid1202.051247. PMC 3373078. PMID 16494748. Archived from the original on 29 जून 2011. {{cite journal}}: Unknown parameter |deadurl= ignored (help)
  11. 11.0 11.1 Hsu VP, Hossain MJ, Parashar UD (2004). "Nipah virus encephalitis reemergence, Bangladesh". Emerging Infectious Diseases. 10 (12): 2082–7. doi:10.3201/eid1012.040701. PMC 3323384. PMID 15663842. Archived from the original on 11 अप्रैल 2011. {{cite journal}}: Unknown parameter |deadurl= ignored (help)
  12. "Arguments in Bahodderhat murder case begin". The Daily Star. 18 मार्च 2008. Archived from the original on 24 अक्टूबर 2012. Retrieved 21 मई 2014. {{cite news}}: Unknown parameter |deadurl= ignored (help)
  13. Bever, Lindsey (2018-05-22). "Rare, brain-damaging virus spreads panic in India as death toll rises". Washington Post (अमेरिकी अंग्रेजी में). ISSN 0190-8286. Retrieved 2018-05-23.
  14. "Lini Puthussery: India's 'hero' nurse who died battling Nipah virus". BBC News. Retrieved 22 May 2018.
  15. hermesauto (2018-05-22). "Rare brain-damaging Nipah virus kills 10 in India, prompts rush to hospitals". The Straits Times (अंग्रेजी में). Retrieved 2018-05-23.
  16. "Nipah Virus: 11 Dead, Centre Keeps Close Watch on Kerala". The Quint (अंग्रेजी में). Retrieved 24 मई 2018.
  17. "Nipah scare in Himachal school after 18 dead bats found on premises". https://www.hindustantimes.com/ (अंग्रेजी में). 24 मई 2018. Retrieved 24 मई 2018. {{cite news}}: External link in |work= (help)