निकास (हाइड्रोलॉजी)
बहाव मात्रा या निकास बहाव (Discharge, डिस्चार्ज) या कबो कबो ख़ाली बहाव कहि दिहल जाला, जल बिज्ञान में पानी के बहाव के आयतन के दर के कहल जाला। आसान भासा में कहल जाय त प्रति एकाई समय में केतना मात्रा पानी के बह गइल ओके "बहाव मात्रा" कहल जाला।
गणना
[संपादन करीं]इकाई, जिनहन के इस्तेमाल बहाव मात्रा के बतावे खातिर होखे ला ऊ कई ठो बाड़ी, जइसे की घन मी./से. (m³/s) (cubic meters per second), घन फीट/से. (ft³/s) (cubic feet per second or cfs) आ एकड़-फीट प्रति दिन (acre-feet per day)।[1] उदाहरण खातिर गंगा डेल्टा में गंगा के मुख्य धारा जेवना में ब्रह्मपुत्र आ मेघना भी मिल जालिन, के कुल बहाव मात्रा 38,000 m3/s (1,300,000 cu ft/s) बतावल जाले।
आम तौर पर एके नापे के तरीका बहुत आसान होला, जेह में बहाव के मात्रा (Q) धारा के क्रास-सेक्शन के क्षेत्रफल (A) आ औसत बहाव वेग के गुणनफल के बराबर होला (), आ एकरा के लिखे के तरीका होला:
जहाँ
- बहाव मात्रा ([L3T−1]; m3/s or ft3/s)
- क्रास-सेक्शन के एरिया ([L2]; m2 or ft2)
- बहाव के औसत वेग बहाव वेग ([LT−1]; m/s or ft/s)
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ Dunne, T., and Leopold, L.B., 1978, Water in Environmental Planning: San Francisco, Calif., W.H. Freeman, pp. 257–258.
![]() | ई पर्यावरण-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |