नमामि गंगे
Jump to navigation
Jump to search
नमामि गंगे (शाब्दिक अरथ: गंगा के (हम) परनाम करत बानी) भारत सरकार के एगो प्रोग्राम बा जे जून 2014 में सुरू कइल गइल।[1] ई इंटीग्रेटेड संरक्षण मिशन[नोट 1] के तहत चलावल जा रहल बा। एकर मुख्य उद्देश्य गंगा नदी में प्रदूषण के कम कइल बा। एह प्रोग्राम के तहत एक्के साथे लगभग तीन सौ प्रोजेक्ट सभ के सुरुआत साल 2016 में भइल।[3]
ई भारत के परधानमंत्री नरेंद्र मोदी के ड्रीम प्रोजेक्ट के रूप में सुरू कइल गइल। हालाँकि, कैग के एगो रपट के बाद एह परियोजना पर बिबादो भइल। एह रपट में बतावल गइल रहे कि एह प्रोजेक्ट के धनराशि में से भारी मात्रा में हिस्सा खर्चा ना भइल रहे।[4]
एकरा खातिर जर्मनी के एगो संस्था के साथे समजौता भी भइल रहल।[5]
नोट[संपादन]
- ↑ एकर पूरा नाँव "एकीकृत गंगा संरक्षण मिशन परियोजना" हवे जेकरा के सहज नाँव "नमामि गंगे" दिहल गइल बा।[2]
संदर्भ[संपादन]
- ↑ नमामि गंगे, मुख्य सरकारी वेबसाइट, nmcg.nic.in पर।
- ↑ "स्वच्छ गंगा परियोजना". hindi.mapsofindia.com. पहुँचतिथी 15 मई 2018.
- ↑ सिंह, अजय. "नमामि गंगे योजना के तहत आज देशभर में 231 परियोजनाओं की हुई शुरुआत". NDTVIndia. पहुँचतिथी 15 मई 2018.
- ↑ "नमामि गंगे कोष के लगभग 25,00 करोड़ रुपये नहीं हुए इस्तेमाल: कैग". thewirehindi.com. भाषा. 20 दिसंबर 2017. पहुँचतिथी 15 मई 2018.
- ↑ "नमामि गंगे के लिए भारत और जर्मनी के बीच समझौता". जनसत्ता (Hindi में). भाषा. 14 अप्रैल 2016. पहुँचतिथी 15 मई 2018.
बाहरी कड़ी[संपादन]
- राष्ट्रीय स्वच्छ गंगा मिशन, ऑफिशियल वेबसाइट।
![]() | ई पर्यावरण-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |