द जंगल बुक
लेखक | रुडयार्ड किपलिंग |
---|---|
चित्रकार | जॉन लाकवुड किपलिंग (रुडयार्ड के बाबूजी) |
देस | यूनाइटेड किंगडम |
भाषा | अंग्रेजी |
सिरीज | दि जंगल बुक्स |
बिधा | लड़िकन के किताब |
प्रकाशक | मैकमिलन |
छपे के तिथी | 1894 |
एकरा पहिले | "इन दि रुख" |
एकरा बाद | द सेकेंड जंगल बुक |
द जंगल बुक (अंग्रेजी: The Jungle Book) अंग्रेज लेखक रुडयार्ड किपलिंग के 1894 में लिखल कहानी संग्रह हवे। एह किताब में जादातर किरदार जानवर बाड़ें, जइसे कि शेर खान बाघ आ बलू भालू। लेकिन मुख्य किरदार एगो लइका बा, जेकरा "मानव बच्चा" यानी मोगली कहल गइल बाटे, जेकर पालन-पोषण जंगल में भेड़ियन के झुंड कइले बा। अधिकतर कहानी भारत के जंगल में बसल बाड़ीं, आ एगो जगह "सीओनी" (सिवनी) के नाँव बार-बार आवेला, जे मध्य प्रदेश के बीच वाला इलाका ह।
किताब के मेन थीम लइका के छोड़ दिहल आ फिर एकरा बाद दुसरा द्वारा फिन पालन-पोषण हवे, जइसन कि मोगली के जिनगी में होखल देखावल गइल बाटे, जे किपलिंग के खुद के बचपने के झलक देवे ला। ई थीम रिकी-टिकी-टावी आ द व्हाइट सील समेत मोगली के दुश्मनन पर विजय में झलकेला। एगो अउरी महत्त्वपूर्ण थीम जंगल के कानून आ आजादी के बा; ई कहानी सभ जानवरन के व्यवहार के बारे में ना हईं, ना त ई डार्विनियन जीवित बचे के संघर्ष पर आधारित हईं, बलुक ई मानव आर्कटाइप के जानवरन के रूप में पेश करेलीं। ई कहानी सभ 'जंगल के कानून' के माध्यम से अधिकार के सम्मान, आज्ञाकारिता आ समाज में अपन स्थान के पहिचान सिखावे लीं; अलग-अलग दुनिया के बीच आवाजाही के आजादियो झलके ले, जइसे मोगली के जंगल आ गाँव के बीच आवाजाही के आजादी।
द जंगल बुक हमेसा से लोकप्रिय किताब रहल बा, आ इहे कारन बा की एकरा के फिलिम आ अन्य मीडिया में कई बेर रूपांतर भइल बाटे। स्वाति सिंह जइसन आलोचक कहले बाड़ी कि जे आलोचक लोग किपलिंग के साम्राज्यवाद थोपे के बात कहे लें, उहो लोग किपलिंग के कहानी सुनावे के ताकत के सराहे ला। ई किताब स्काउट आंदोलन पर भी असर डालले बा, जेकरे संस्थापक रॉबर्ट बैडेन-पॉवेल किपलिंग के दोस्त रहलन। पर्सी ग्रेंजर आपन जंगल बुक साइकिल नाँव के म्यूजिकल कंपोजीशन के रचना एही किताब के कोटेशन पर आधारित कइके कइलन।
एह कहानी पर कई बेर फिलिम आ एनिमिएशन सीरीज बन चुकल बा।
संदर्भ
[संपादन करीं]ई लेख कौनों किताब के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |