देसभाषा

विकिपीडिया से

देसभाषा, देसी भाषा, जनभाषा या वर्नाक्यूलर अइसन भाषा या बोली के कहल जाला जे कौनों खास समुदाय या भूगोलीय इलाका के लोग द्वारा (अनौपचारिक रूप से) बोलल जाए वाली भाषा होखे, जबकि ओ लोग के साहित्य के भाषा, राष्ट्रभाषा, मानक भाषा या संपर्क भाषा कौनों दूसर होखे। कई लोग वर्नाक्यूलर के इस्तेमाल नॉन-स्टैंडर्ड डायलेक्ट, यानि अइसन बोली जेकरा मानक दर्जा न मिलल होखे, खातिर करे ला।

कांसेप्ट[संपादन करीं]

देसभाषा या वर्नाक्यूलर के पहिचान अक्सरहा कुछ अन्य तरह के भाषा सभ से बिभेद देखा के कइल जाला। यानि ई अइसन कांसेप्ट हवे जे दूसरा से तुलना क के परिभाषित कइल जाला:

आम भाषाबिज्ञान में[संपादन करीं]

  1. लिंगुआ फ्रैंका (संपर्क भाषा) से अलग ब्यक्ति के जवन मूल भाषा बा ओकरा के देसभाषा (वर्नाक्यूलर) कहल जा सके ला।
  2. डायग्लॉसिया (भाषाई वर्चस्व) के तहत कमजोर, हीन भा तुच्छ बूझल जाए वाली भाषा।

समाजभाषाबिज्ञान में[संपादन करीं]

  1. सामजिक स्थिति के अनुसार, माहौल के तत्कालीन स्थिति में, अनौपचारिक भाषारूप (रजिस्टर)।
  2. गैर-मानक बोली
  3. काल्पनिक भाषा के रूप में, जहाँ ई वास्तव में भाषा या बोली ना बलुक कुछ अटोव (एब्सट्रैक्ट) चलन (नॉर्म) के समूह भर मान लिहल जाय।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]