दिल्ली चिड़ियाघर

विकिपीडिया से
दिल्ली चिड़ियाघर
National Zoological Park, Delhi
Date opened1959
Locationदिल्ली, भारत
Coordinates28°36′16″N 77°14′46″E / 28.6044359°N 77.2461981°E / 28.6044359; 77.2461981निर्देशांक: 28°36′16″N 77°14′46″E / 28.6044359°N 77.2461981°E / 28.6044359; 77.2461981
Land area176 एकड़ (71 हे)[1]
No. of animals1347 (2008)[1]
No. of species127 (2008)[1]
Membershipsसीज़ेडए
Websitewww.nzpnewdelhi.gov.in

राष्ट्रिय जंतुबिज्ञानिक पार्क दिल्ली (मूल रूप से दिल्ली चिड़ियाघर) भारत के राजधानी दिल्ली में पुराना किला लगे 176 एकड़ (71 हेक्टेयर) इलाका में फइलल एगो चिड़ियाघर बा। 16वीं सदी के किला के लगे, दिल्ली नियर भीड़भरल इलाका के बीचा में ई हरियाली वाला इलाका बिबिध प्रकार के जियाजंतु सभ के कलेक्शन खाती परसिद्ध बा। हेइजा करीबन 130 प्रजाति के जानवर आ चिरई सभ रखल गइल बाड़ी सऽ आ इनहन के कुल संख्या लगभग 1350 बाटे।[1][2] चिड़ियाघर में पैदलो घूमल जा सके ला आ बिजुली से चले वाली गाड़ियो किराया पर मिले ले। घूमे आवे वाला लोग के पानी ले जाइल एलाऊ बा बाकी कौनों खाए वाला चीज साथे ना ले जाए के होला।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. 1.0 1.1 1.2 1.3 "Statistics". nzpnewdelhi.gov.in. National Zoological Park. Retrieved 24 July 2011.
  2. https://web.archive.org/web/20090410080407/http://trbaalu.nic.in/minister/news/2001/oct01/08-10-2001-news1.html Plan to make Delhi zoo world class